छपरा: 2 दिन ले 9 घंटा कटी बिजुली

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2022

छपरा के अमनौर आ अगरी-कगरी के एरिया में दु दिन ले बिजुली के आपूर्ति बन रही। आवे आला गरमी के धेयान राखत पावर स्टेशन के मरमती के काम करे के बा। एही कारणे आज 19

Share

छपरा के अमनौर आ अगरी-कगरी के एरिया में दु दिन ले बिजुली के आपूर्ति बन रही। आवे आला गरमी के धेयान राखत पावर स्टेशन के मरमती के काम करे के बा। एही कारणे आज 19 फरवरी आ बिहने 20 फरवरी के भोरे आठ बजे से साँझ के 5 बजे ले बिजुली कटी। ई जानकारी अमनौर जे ई अमित कुमार मौर्य देले।

ऊ बतवले कि- ‘रसूलपुर पावर ग्रिड में दु दिन ले मरमती के काम चली। एकरा कारणे रसूलपुर पावर ग्रिड से दु दिन ले सभे पावर हाउस अमनौर, मकेर, डेरनी, नगरा, पोझी कपूर पावर सब स्टेशन में बिजुली के आपूर्ति बन रही। जेमे अमनौर आ मरहौरा सब स्टेशन के मशरक पावर ग्रिड से पावर सप्लाई कइल जाई।

ओहिजा नगरा आ पोझी कपूर पावर सब स्टेशन के छपरा ग्रिड स्टेशन से पावर सप्लाई कइल जाई। जबकि मकेर आ भेल्दी पावर सब स्टेशन के आपूर्ति बाधित रही। फेर 21 फरवरी से जरूरत के अनुसार बिजुली रसूलपुर पावर ग्रिड से मिले लागल।

गरमी के मवसम आवते बिजुली सप्लाई के दबाव बने लागेला जावना से टेक्निकल समस्या आवे लागेला। बिजुली विभाग कावर से समे से पहिले सब तरे के समस्या से निपटे ला सभेपावर ग्रिड में मरम्मत के काम चली जवना के चलते दु दिन ले आपूर्ति बाधित रही।

साभार: भास्कर 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.