Mumbai Ghatkopar Landslide : मुंबई के घाटकोपर में भूस्खलन, 2 लोग के मौत, 6 से 8 लोग के मलबा में दबल होखे के आशंका

Mumbai Ghatkopar landslide rescue operation

Share

मुंबई। मुंबई के घाटकोपर इलाका में बुध के भोर में भारी बारिश के बीच भूस्खलन हो गइल। ई हादसा चिराग नगर इलाका में इस्थित गौसिया चॉल में भइल, जहां पहाड़ के एगो हिस्सा टूट के चॉल पs गिर पड़ल। हादसा में अब तक दू लोग के मौत हो गइल बा, जबकि 6 से 8 लोग के मलबा में फंसल होखे के आशंका जतावल गइल बा।

हादसा के सूचना मिलते पुलिस, एनडीआरएफ आ राहत-बचाव टीम मवका पs पहुंच गइल। मलबा हटावे आ फंसल लोगन के बाहर निकाले के अभियान लगातार जारी बा।

- Sponsored Ads-

भारी बारिश के बीच चॉल पs गिरल पहाड़ के हिस्सा

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, घाटकोपर के चिराग नगर में भूस्खलन के चलते पहाड़ के हिस्सा टूट के गौसिया चॉल पs गिर गइल। अचानक मलबा गिरला से चॉल में रहल कइयन गो लोग ओकरा नीचे दब गइल।

बचाव दल अब तक कइयन गो लोगन के सुरक्षित बाहर निकाल चुकल बा। हालांकि, प्रशासन के मोताबिक 6 से 8 लोग अभियो मलबा में दबल हो सकेला। राहत टीम लगातार मलबा हटाके फंसल लोग के तलाश कs रहल बाड़ी।

भोर करीब 4 बजे भइल हादसा

पुलिस के मोताबिक भूस्खलन के घटना भोर के करीब चार बजे भइल। मुंबई में लगातार हो रहल भारी बरखा के चलते पहाड़ी इलाका में माटी कमजोर हो गइल रहे। एही वजह से भूस्खलन के घटना के प्रमुख कारण मानल जा रहल बा। घटना के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। स्थानीय लोग राहत-बचाव अभियान में प्रशासन के मदद करत नजर आइल।

एनडीआरएफ आ महाराष्ट्र पुलिस के टीम जुटल

हादसा के गंभीरता के देखत एनडीआरएफ, महाराष्ट्र पुलिस आ स्थानीय राहत टीम मवका पs तैनात बाड़ी सs। मलबा हटावे खातिर जरूरी उपकरण के इस्तेमाल कइल जा रहल बा। घायलन के तुरंत अस्पताल पहुंचावे खातिर एंबुलेंस मवका पs मवजूद बा।

बीएमसी के जानकारी के मोताबिक, अब तक दूगो शव अस्पताल पहुंचावल गइल बा। ओहिजा घायलन में 18 साल के सोहेल अंसारी आ 14 साल के मोहम्मद अंसारी सामिल बा लो। दुनु के इलाज खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

मेयर मवका पs पहुंच के बचाव अभियान के जायजा लेली

मुंबई के मेयर रितु तावड़े घटना स्थल पs पहुंचली आ राहत-बचाव अभियान के जायजा लेली। प्रशासन के ओर से मलबा में फंसल बाकी लोगन के जल्दी से जल्दी सुरक्षित निकाले के कोसिस कइल जा रहल बा।

Read Also: 12 अगस्त 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-