[the_ad_group id="30365"]

AAP MPs Merge BJP : AAP के 7 सांसदन के BJP में विलय के मंजूरी, राज्यसभा चेयरमैन देलें अनुमति, NDA के आंकड़ा 148 पहुंचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। नई दिल्ली में सोमार के दिन राज्यसभा में बड़ राजनीतिक घटनाक्रम देखे के मिलल। राज्यसभा के चेयरमैन सीपी राधाकृष्णन आम आदमी पार्टी (आप) के सात सांसदन के भारतीय जनता पार्टी में विलय के आधिकारिक मंजूरी दे देलें। एह फैसला के बाद राज्यसभा में आप के ताकत घट के अब खाली तीन सांसद के रह गइल बा।

भाजपा आ एनडीए के ताकत बढ़ल

एह बदलाव से भाजपा के सीधा फायदा मिलल बा आ राज्यसभा में ओकर संख्या बढ़ के 113 हो गइल बा। संगही एनडीए के कुल आंकड़ा 148 तक पहुंच गइल बा।
जवन सात सांसद भाजपा में सामिल भइल बा लोग ओमे राघव चड्ढा, अशोक मित्तल, हरभजन सिंह, संदीप पाठक, विक्रमजीत साहनी, स्वाति मालीवाल आ राजिंदर गुप्ता सामिल बा लोग।

आप कइलस सदस्यता रद्द करे के मांग

जानकारी के मोताबिक, ई सांसदन चेयरमैन से आग्रह कइले रहे लोग कि विलय के बाद ओह लोगन के भाजपा सदस्य के रूप में मान्यता दिहल जावs, जवन मंजूर हो गइल।
हालांकि, एकरा से पहिले आप एह सातो सांसदन के सदस्यता रद्द करे के मांग कइले रहे।

आप सांसद संजय सिंह कहले रहलें कि जे सांसद पार्टी छोड़ के दोसरा पार्टी में जात बा, ओकर सदस्यता खतम होखे के चाहीं।

आप के लागल बड़ झटका

गौर करे लायक बा कि पिछिला सुक के आप के बड़ झटका लागल, जब सात सांसद पार्टी छोड़ के भाजपा में जाये के एलान कइले रहे लोग। ऊ लोग आरोप लगवले रहलें कि अरविंद केजरीवाल के अगुवाई में पार्टी आपन मूल सिद्धांत आ विचार से भटक गइल बिया।

Read Also: Pakistan News : के रहे आतंकी शेख यूसुफ अफरीदी, जेकर पाकिस्तान में गोली मार के हत्या कs दहल गइल?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]