नई दिल्ली। लश्कर-ए-तैयबा के कमांडर शेख यूसुफ अफरीदी के पाकिस्तान के खैबर पख्तूनख्वा में अज्ञात बंदूकधारी गोली मार के हत्या कs देले सs। हमलावर अफरीदी पs कइयन राउंड फायरिंग कइलस। ऊ हाफिज सईद के नजदीकी सहजोगी मानल जात रहे।
संगठन में रहे अहम भूमिका
शेख यूसुफ अफरीदी के खैबर पख्तूनख्वा इलाका में लश्कर-ए-तैयबा के ऑपरेशन संभारे वाला महत्वपूर्ण कमांडर मानल जात रहे। अमेरिका द्वारा प्रतिबंधित एह संगठन में उनकर भूमिका बहुते अहम रहे। जांच एजेंसी एह घटना के टारगेटेड हत्या मानत बाड़ी सs।
आतंकियन पs हमलन के बढ़त सिलसिला
पाकिस्तान में हाल के समय में हाई-प्रोफाइल आतंकियन पs हमला के कइयन गो घटना सामने आ चुकल बा। पिछिला महीना लाहौर में एगो टीवी स्टेशन के बाहर अज्ञात बंदूकधारी अमीर हमजा पs हमला कइलस, हालांकि ऊ बच गइल।
एकरा से पहिले जैश-ए-मोहम्मद के सरगना मौलाना मसूद अजहर के बड़ भाई मुहम्मद ताहिर अनवर के रहस्यमय हालात में मौत हो गइल।
पिछिलको घटना चउकावे वाला रहे
पिछिला साल मार्च में लश्कर-ए-तैयबा के शीर्ष आतंकी अबू कताल उर्फ कताल सिंधी के पाकिस्तान के झेलम में गोली मार के हत्या क दिहल गइल। ऊ हाफिज सईद के करीबी मानल जात रहे आ ओकरा पs जम्मू-कश्मीर के रियासी हमला (2024) के मास्टरमाइंड होखे के आरोप रहे।
2023 से जारी बा ई पैटर्न
पाकिस्तान में 2023 से अइसन टारगेटेड हत्या के सिलसिला लगातार देखे के मिल रहल बा। ओह साल सात महीना में सात आतंकी मारल गइल रहलें सs।
2026 में लश्कर-ए-तैयबा, हिजबुल मुजाहिदीन आ आउर संगठनन से जुड़ल करीब 30 आतंकी लाहौर, कराची सहित कइयन गो शहरन में अज्ञात हमलावरन के निशाना बन चुकल बाड़ें सs।








