सेंट्रल डेस्क। होर्मुज जलडमरूमध्य में अमेरिका के नाकाबंदी अभियो जारी बा। यूएस सेंट्रल कमान (CENTCOM) बयान जारी कs के कहले बा कि अब तक ईरान के 38 जहाज रोकल गइल बा। आधिकारिक जानकारी के मोताबिक, एह जहाजन के ईरान के जलक्षेत्र में अइला-गइला से रोकल गइल बा आ अमेरिकी सेना लगातार निगरानी करत बिया।
अमेरिका-ईरान बीच बढ़त तनाव
एक ओर ईरान आ अमेरिका के बीच परदा के पीछे समझौता के कोसिस चल रहल बा, तs दूसरका ओर अमेरिका होर्मुज जलडमरूमध्य में नाकाबंदी कs के ईरान पs दबाव बढ़ावत बा।
एह बातचीत के सिलसिला में ईरान के बिदेस मंत्री रूस पहुंचल बाड़ें, जहां ऊ व्लादिमीर पुतिन से मुलाकात कs सकेलें। अमेरिका पश्चिम एशिया में आपन सैन्य मौजूदगी के बढ़ा देले बा, जवन दबाव बनावे के रणनीति मानल जा रहल बा।
होर्मुज स्ट्रेट खोले के प्रस्ताव
ईरान अमेरिका के सामने नया प्रस्ताव रखले बा, जवना में होर्मुज स्ट्रेट के दोबारा खोले आ संघर्ष खतम करे के बात कहल गइल बा। हालांकि, एह प्रस्ताव में परमाणु मुद्दा के जिकिर नइखे कइल गइल।
रिपोर्ट के मोताबिक, एह प्रस्ताव के मकसद बातचीत में आ रहल रुकावट के दूर कइल बा आ ईरान के अंदर परमाणु नीति पs चल रहल मतभेद के किनारा कइल बा।
आगे का हो सकत बा?
रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि अगर नाकाबंदी हटावल जात बा आ अमेरिकी हमला रुक जात बा, तs यूरेनियम संवर्धन पs बातचीत के नया रास्ता खुल सकेला।
एही बीच खबर बा कि डोनाल्ड ट्रंप आपन राष्ट्रीय सुरक्षा टीम के संगे हालात पs उच्च स्तरीय बैठक कs सकेलें।








