स्पोर्ट्स डेस्क। न्यूजीलैंड के दिग्गज क्रिकेटर केन विलियमसन इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास के एलान कs देले बाड़ें। एह फैसला के साथे उनकर करीब 16 साल लमहर सानदार क्रिकेट सफर समाप्त हो गइल। केन विलियमसन तीनो फॉर्मेट मिलाके कुल 378 इंटरनेशनल मैच खेलले बाड़ें।
केन 10 अगस्त 2010 के भारतीय टीम के खिलाफ इंटरनेशनल क्रिकेट में डेब्यू कइले रहलें। अपना शांत स्वभाव, सानदार बल्लेबाजी आ कप्तानी से ऊ न्यूजीलैंड क्रिकेट के एगो खास पहचान बनवलें।
लॉर्ड्स टेस्ट होई आखिरी इंटरनेशनल मैच
केन विलियमसन के संन्यास के फैसला न्यूजीलैंड के इंग्लैंड दौरा के बीच आइल बा। इंग्लैंड के खिलाफ सीरीज में न्यूजीलैंड पहिला मैच गंवाके 1-0 से पीछे चल रहल बिया। अब विलियमसन एह सीरीज में आगे हिस्सा ना लिहें। लॉर्ड्स में होखे वाला टेस्ट मैच उनकर इंटरनेशनल करिअर के आखिरी मुकाबला होई।
विलियमसन कहलें- अब सही समय आ गइल बा
न्यूजीलैंड क्रिकेट के ओर से जारी बयान में केन विलियमसन कहलें कि ऊ एह फैसला पs बहुत समय से विचार करत रहलें। पिछला कुछ दिनन में उनका महसूस भइल कि अब क्रिकेट से अलग होखे के सही समय आ गइल बा।
ऊ कहलें कि इंटरनेशनल क्रिकेट खातिर हमेसा उनकर जुनून आ लगाव रहल बा। न्यूजीलैंड खातिर खेलल हर मैच में आपन पूरा जोगदान देला पs उनका गर्व बा। विलियमसन कहलें कि अपना शर्त पs क्रिकेट से विदाई ले पवला खातिर ऊ खुद के भाग्यशाली मानत बाड़ें।
एक नजर विलियमसन के आंकडन पs
केन विलियमसन अपना करिअर में 110 टेस्ट, 175 वनडे आ 93 टी20 इंटरनेशनल मैच खेललें। टेस्ट क्रिकेट में ऊ 195 पारी में 54.06 के औसत से 9515 रन बनवलें। एह दौरान उनका बल्ला से 33 शतक आ 38 अर्धशतक निकलल। वनडे क्रिकेट के 167 पारी में विलियमसन 7256 रन बनवलें। ओहिजा टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट में ऊ 2575 रन के जोगदान देलें।
केन विलियमसन के संन्यास के संगे न्यूजीलैंड क्रिकेट के एगो सुनहरा अध्याय खतम हो गइल। उनकर बल्लेबाजी, कप्तानी आ खेल भावना के हमेसा इयाद कइल जाई।
Read Also: Grenade Blast : पुंछ में LoC के नजदीक सेना के अभ्यास दौरान ग्रेनेड फटल, दूगाे जवान घायल








