[the_ad_group id="30365"]

IND vs AFG ODI : ईशान के मिल सकेला कोहली वाला जिम्मेदारी, जायसवाल के बाहर बइठे के संभावना, प्रिंस यादव के डेब्यू तय?

Ishan Kishan
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ अफगानिस्तान के बीच तीन मैच के वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला 13 जून के धर्मशाला के एचपीसीए स्टेडियम में खेलल जाई। टेस्ट सीरीज में अफगानिस्तान के पारी आ 300 रन से हरवला के बाद अब टीम इंडिया के नजर वनडे सीरीज जीतला पs बा।

एह सीरीज से पहिले भारतीय टीम के बड़ झटका लागल बा, काहे कि विराट कोहली आ हार्दिक पांड्या चोट के कारण टीम से बाहर बा लोग। अइसन इस्थिति में कप्तान शुभमन गिल के सामने प्लेइंग-11 चुने के चुनौती बा।

ईशान किशन के मिल सकेला नंबर-3 के मौका

अफगानिस्तान के खिलाफ पहिला वनडे में विराट कोहली के जगह ईशान किशन के उतारे के संभावना जतावल जा रहल बा। ईशान हाले में आईपीएल 2026 में सनराइजर्स हैदराबाद खातिर नंबर-3 पs बढ़िया प्रदर्शन कइले रहलें।

ईशान आखिरी बेर वनडे मैच 11 अक्टूबर 2023 के अफगानिस्तान के खिलाफ खेलले रहलें। अब कोहली के गैरमवजूदगी में उनका ऊपर बड़ जिम्मेदारी आ सकेला।

रोहित आ गिल संभारी लोग ओपनिंग

टीम इंडिया के कप्तानी शुभमन गिल करिहें, जबकि ओपनिंग के जिम्मेदारी रोहित शर्मा आ गिल के जोड़ी संभारी। टीम में यशस्वी जायसवालो सामिल बाड़ें, बाकिर पहिला मैच में उनका मवका मिलल मुश्किल मानल जा रहल बा।

मध्यक्रम में श्रेयस अय्यर उपकप्तान के भूमिका में नंबर-4 पs आ केएल राहुल विकेटकीपर बल्लेबाज के रूप में नंबर-5 पs खेल सकत बाड़ें।

हार्दिक के जगह नितीश रेड्डी के मवका

हार्दिक पांड्या के चोट के कारण बाहर रहला से नितीश कुमार रेड्डी के प्लेइंग-11 में जगह मिल सकेला। स्पिन विभाग में वॉशिंगटन सुंदर आ कुलदीप यादव के जोड़ी नजर आ सकेले।

तेज गेंदबाजी में जसप्रीत बुमराह आ मोहम्मद सिराज के अनुपस्थिति में अर्शदीप सिंह पेस अटैक के नेतृत्व करिहें। उनकर साथ प्रसिद्ध कृष्णा दे सकत बाड़ें।

प्रिंस यादव के डेब्यू पs नजर

तीसरा तेज गेंदबाज के जगह खातिर प्रिंस यादव आ गुरनूर बराड़ के बीच मुकाबला बा। हालांकि संभावना बा कि दिल्ली के तेज गेंदबाज प्रिंस यादव के पहिला वनडे में डेब्यू के मवका मिल सकेला।

भारत के संभावित प्लेइंग-11

रोहित शर्मा, शुभमन गिल (कप्तान), ईशान किशन, श्रेयस अय्यर (उपकप्तान), केएल राहुल (विकेटकीपर), नितीश कुमार रेड्डी, वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, प्रिंस यादव, प्रसिद्ध कृष्णा।

Read Also: Oil Tanker Attack : अमेरिका के हमला में 3 भारतीय नाविकन के मौत, ओमान तट पर तेल टैंकर हादसा से मचलल हड़कंप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]