Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

योगी संगे 51 मंत्री लीहें शपथ, के बनीं डिप्टी सीएम

134
सीवान इन्शुरेंस 720 90

योगी आदित्यनाथ आजु दूसरका बेर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री पद के शपथ लीहें। एकरे संगही ऊ प्रदेश के पहिला अइसन मुख्यमंत्री बन जइहें, जे पांच साल के कार्यकाल पूरा कइले के बाद दुबारा सत्ता सम्हरिहें। गुरुवार के योगी आदित्यनाथ  सर्वसम्मति से विधायक दल के नेता चुनल गइले के बाद राज्यपाल आनंदी बेन पटेल के सामने सरकार बनवले के दावा पेश कइने। योगी आदित्यनाथ आज साँझ चार बजे अटल बिहारी वाजपेयी क्रिकेट स्टेडियम के भव्य समारोह में शपथ लीहें।

उप मुख्यमंत्री के नाइ भइल घोषना

भाजपा विधायक दल के बैठक में उप मुख्यमंत्री के लेके घोषणा नाइ कइल गइल बा। 2017 में योगी आदित्यनाथ के विधायक दल के नेता चुनले के बाद योगी सरकार में सहयोग खातिर दू उप मुख्यमंत्री नियुक्त कइले के प्रस्ताव रखले रहने। ओकरे बाद केशव प्रसाद मौर्य अउर डॉ. दिनेश शर्मा के उप मुख्यमंत्री नियुक्त कइल गइल रहे। गुरुवार के विधायक दल के बैठक में उप मुख्यमंत्री के घोषणा के लेके कयास लगावल जात रहल। लेकिन पार्टी फिलहाल उप मुख्यमंत्री के लेके सस्पेंस बरकरार रखले बा।

 

Middle Yayawari
231290cookie-checkयोगी संगे 51 मंत्री लीहें शपथ, के बनीं डिप्टी सीएम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.