Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भाजपा नेता के केजरीवाल पs तंज : कश्मीरी पंडितन के हत्या पs कौनो रक्षसवे हँस सकsला

भाजपा नेता अमित मालवीय के बयान

182

भाजपा नेता अमित मालवीय दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के शहरी नक्सल करार देहले बाने। मालवीय ई टिप्पणी गुरुवार के विधानसभा में केजरीवाल के भाषण के लेके कइले बाने। केजरीवाल कहले रहने कि फिल्म के टैक्स-फ्री कइले से निम्मन बा की निर्माता एके YouTube पs अपलोड कs दें, जेसे ई सबके खातिर मुफ्त हो जाई।

एहपर अमित मालवीय ट्वीट कइने कि

 

एह फिल्मन के यूट्यूब पs डरले के सलाह काहें नाइ देहने?’
दिल्ली के सीएम केजरीवाल एसे पहिले बॉलीवुड फिल्म ‘निल बटे सन्नाटा’ अउर ‘सांड के आंख’ के टैक्स फ्री क चुकल बाने। एके लेके भी मालवीय उन पर सवाल खड़ा कइने। भाजपा नेता ट्वीट कके कहने, “केजरीवाल ए फिल्म के यूट्यूब पs डरले के सलाह काहें नाइ देहने? दिल्ली में टैक्स फ्री काहें भइल? अउर एमें से कौने-कौने के गोडे में केजरीवाल गिरल होइहें? काहेंकि कश्मीर फाइल्स हिंदुअन के नरसंहार के दास्तान दिखा रहल बिया, एलिए रह अर्बन नक्सल के पेट में दर्द हो रहल बा?”

231440cookie-checkभाजपा नेता के केजरीवाल पs तंज : कश्मीरी पंडितन के हत्या पs कौनो रक्षसवे हँस सकsला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.