Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार: वीआईपी के तीनों विधायक भाजपा में शामिल, मुकेश सहनी के लागल बरिआर झटका

226

विकासशील इंसान पार्टी (VIP) के तीनों विधायक बुध के साँझ के अपना पार्टी से इस्तीफा देके भाजपा में शामिल हो गइल लो।

तीनों विधायक- राजू सिंह, मिश्रीलाल यादव आ स्वर्णा सिंह भाजपा अध्यक्ष डॉ॰ संजय जायसवाल, दुनों उप मुख्यमंत्री तारकिशोर प्रसाद आ रेणु देवी के संगे विधानसभा अध्यक्ष विजय सिन्हा से उनके कमरा में भेंट कs के भाजपा के समर्थन देवे के पत्र सउपल लो।

मुकेश सहनी खातिर बा बड़ झटका

एकरा चलते वीआईपी के मुखिया आ पशु आ मत्स्य मंत्री मुकेश सहनी के तगड़ा झटका लागल बा। गौर करे आला बात बा वीआईपी के चार गो विधायक रहे लो, जेमे से मुसाफिर पासवान के निधन हो गइल रहे। उनका बोचहां सीट से उपचुनाव में भाजपा के उम्मीदवार खड़ा कइला के बाद मुकेश सहनी के आपन उम्मीदवार के घोषणा करते भाजपा ई मास्टरस्ट्रोक से उनका के तगड़ा झटका देले बिया।

यूपी चुनाव में भाजपा आ योगी के विरोध कइले रहस सहनी 

भाजपा आ वीआईपी के बीचे यूपी चुनाव के बेरा से दूरी आवे लागल रहे। मुकेश सहनी भाजपा के खिलाफ ना खाली उम्मीदवार खड़ा कइले रहस बलुक भाजपा पs जमके हमलो करत रहस। यूपी आ केंद्र सरकार के विरोध में बेर-बेर चेतवला के बादो बयान देत रहस।

का कहले सहनी? 

भाजपा के एह डेग के बाद आपन प्रतिक्रिया देत मुकेश सहनी कहले कि

पार्टी से विधायकन के गइला के बाद से ऊ हिम्मत नइखे हारल, आउर मजबूत हो गइल बाड़े। हमनी के संघर्ष जारी रही। मंत्रिमंडल में राखल भा हटावल मुख्यमंत्री के अधिकार हs।

230480cookie-checkबिहार: वीआईपी के तीनों विधायक भाजपा में शामिल, मुकेश सहनी के लागल बरिआर झटका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.