Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ईरान में महिला लोग के मिलल मस्क के साथ, कहलें- इंटरनेट प्रतिबंध के बीचही में स्टारलिंक सर्विस होई एक्टिवेट

368

ईरान में बुर्का के खिलाफ प्रदर्शन क रहल महिला लोग के दुनिया के सबसे अमीर शख्स एलन मस्क के समर्थन मिलल बा। जबरदस्त हिंसा के बाद इहां इंटरनेट बैन के खिलाफ मस्क आपन स्टारलिंक सर्विस के एक्टिवेट करे के एलान कइले बानें।

स्पेसएक्स के सीईओ एलन मस्क कहलें कि ऊ ईरान में फ्री इंटरनेट सर्विस खातिर सैटेलाइट इंटरनेट सेवा स्टारलिंक के सक्रिय करे जा रहल बानें। मस्क ई एलान तब कइलें, जब एगो उच्च अमेरिकी अधिकारी ट्वीट में कहले रहनें कि ईरान के लोग खातिर फ्री इंटरनेट अउरी सूचना के मुक्त प्रवाह खातिर अमेरिका कार्रवाई करी।

बुध के इंटरनेट पर लगावल गइल रहे रोक

ईरान में विरोध प्रदर्शन के बीच बुध के इंस्टाग्राम अउरी व्हाट्सएप जइसन सोशल नेटवर्किंग साइट्स के अस्थाई तौर पs प्रतिबंधित कs दिहल गइल रहे। एकरे अलावा कई शहरन में इंटरनेट पs रोक लगा देहल गइल बा। एकरे बाद मस्क कहलें कि ईरान में उनकर कंपनी स्टारलिंक के सैटेलाइट काम कs रहल बानें। ओसे इंटरनेट के इस्तेमाल कइल जा सकsता।

का बा विवाद के कारण?

13 सितंबर के ईरान के पुलिस 22 साल के महसा अमीनी नाम के लइकी के गिरफ्तार क लेहलस। आरोप रहल कि उ बुर्का सही से नाइ पहिनले रहली आ मूड़ी नाइ ढकले रहली। महसा ईरान के कुर्दिस्तान के रहे वाली बाड़ी आ कुर्द मूल से रहली। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, महसा के पुलिस कस्टडी में प्रताड़ित कइल गइल अउरी खूब पिटाई कइल गइल। एहसे महसा के हालत खराब हो गइल। उन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। इहां महसा कोमा में चल गइली अउरी फेर 16 सितंबर के महसा के मौत हो गइल। एकरे बाद ईरान के महिला लोग के खीस फूट पड़ल। कुर्दिस्तान से तेहरान ले सैकड़न के संख्या में महिला सड़क पर आ गइली।

340460cookie-checkईरान में महिला लोग के मिलल मस्क के साथ, कहलें- इंटरनेट प्रतिबंध के बीचही में स्टारलिंक सर्विस होई एक्टिवेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.