- बिहार: 2025 में CM फेस के संगे उतरी BJP; अमित शाह कहले- सीबीआई राहुल के ना छोड़लस तs तेजस्वी के का छोड़ी। नीतीश बीजेपी के काहे छोड़ले ई समझ से परे बा। अब उनकर बीजेपी आवे के सब रास्ता बंद हो गइल बा।
- बिहार: आज पटना आ रहल बाड़े चीफ जस्टिस ऑफ इंडिया; पहिला बेर राजधानी में हो रहल नेशनल सेमिनार के करिहें उद्धघाटन, सुप्रीम कोर्ट के 6 गो आउर जज लोग आई।
- उत्तर प्रदेश: योगी आदित्यनाथ सरकार दंगाइयन पs भइल सख्त, विधानसभा में पास भइल निजी संपत्ति क्षति वसूली संसोधन विधेयक। दुष्कर्म आ पोस्को एक्ट में अब ना मिली अग्रिम जमानत।
- उत्तर प्रदेश: योगी के मंदिर में अखिलेश फंसवले जमीन विवाद के पेंच, पुछले- एक्शन सीएम लिहें कि दिल्ली से दस्ता आई। अयोध्या में सीएम योगी के समर्थक बनवले बाड़े मंदिर।
- झारखंड: लिफाफा एतना जोर से चिपकल बा कि खुलते नइखे… चुनाव आयोग कर सुझाव पs गवर्नर के चुटकी, EC के सीएम के कॉपी देवे से इनकार।
- NIA के रेड के विरोध में केरल में PFI के बंद, हिंसा के आरोप में 500 कार्यकर्ता गिरफ्तार। केरल में कइयन गो जगहन प s तोड़फोड़, पुलिस पs हमला, RSS के ऑफिस पs बम फेंकल गइल।
- कनाडा में भारतीय लोगन खातिर एडवाइजरी, विदेश मंत्रालय कहलस- इहां हेट क्राइम बढ़ रहल बा, सावधान रहीं। कनाडा में हेट क्राइम, साम्प्रदायिक हिंसा आ भारत विरोधी गतिविधि तेजी से बढ़ल बा।
- लगातार तीसरा दिन शेयर मार्केट में गिरावट: डॉलर के मुकाबले रुपिया ऑल टाइम लो पs पहुंचल। सुक के सेंसेक्स 1021 अंक गिरके 58,099 पs बंद भइल। निवेशकन के तीन दिन में 6.8 करोड़ रुपिया के नुकसान।
- राजस्थान CM पद खातिर पायलट के लॉबिंग, राहुल गांधी के बाद अब दिल्ली में सोनिया गांधी से मिलिहें। राजस्थान के CM अशोक गहलोत के कांग्रेस अध्यक्ष बनला पs छोड़े के पड़ सकेला CM के पद।
- पांच साल बाद ऑस्ट्रेलिया से घर में जीतल टीम इंडिया, 3 मैचन के सीरीज 1-1 से बराबर। कप्तान रोहित शर्मा के विस्फोटक पारी के बल से ऑस्ट्रेलिया के 6 विकेट से हरवलस भारत।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
Published on: Sep 24, 2022
बिहार: 2025 में CM फेस के संगे उतरी BJP; अमित शाह कहले- सीबीआई राहुल के ना छोड़लस तs तेजस्वी के का छोड़ी। नीतीश बीजेपी के काहे छोड़ले ई समझ से परे बा। अब उनकर बीजेपी
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, bihar news, breaking news, jharkhand news, morning news, morning Updates, top news, up news, भोर के 10 बड़ खबर
Share this article






