Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

का एनसीपी में शामिल होइहें शशि थरूर, नाराजगी के खबर के बीच कांग्रेस से कs सकतनें किनारा!

398
कांग्रेस के वरिष्ठ नेता शशि थरूर जल्दिये पार्टी से किनारा कर सकतनें। एके ले के कयासो लगावल जा रहल बा। खबर बा कि शशि थरूर जल्दिए एनसीपी में शामिल हो सकतनें। एनसीपी केरल अध्यक्ष पीसी चाको एह ओर इशारो कइले बानें।

कन्नूर में ऊ कहनें, अगर कांग्रेस सांसद शशि थरूर एनसीपी में आवेने त हम गर्मजोशी से उनकर स्वागत करब। अगर कांग्रेस पार्टी उनके बाहरो कतिया तब्बो ऊ तिरुवनंतपुरम से सांसद बनल रहिहें। पीसी चाको  कहनें, हमके एह बात के जानकारी नइखे कि थरूर के कांग्रेस के नजरअंदाज कइल जा रहल बा।

अध्यक्ष पद के चुनाव के बाद से लगावल जा रहल बा कयास 

कांग्रेस में अध्यक्ष पद के चुनाव के बाद से ई कयास लगावल जा रहल बा कि पार्टी में शशि थरूर के नजरअंदाज कइल जा रहल बा। मल्लिकार्जुन खरगे के अध्यक्ष बनले के बाद थरूर के बड़ भूमिका से दूर रखल जा रहल बा, जेसे थरूर नाराज चल रहल बानें। बात देईं, कि अध्यक्ष पद के चुनाव खातिर थरूरो नामांकन भरले रहनें। हालांकि, ऊ खरगे से बड़ अंतर से चुनाव हार गइलें। एकरे बाद उनके कांग्रेस के उच्चस्तरीय कमेटियन में भी जगह नाइ मिलल।

थरूर कइलें अटकल के खारिज 

एही बीच शशि थरूर उनके एनसीपी में शामिल होखले के अटकल के खारिज कइले बा। पीसी चाको के बयान के बाद थरूर कहले बानें कि हम एनसीपी में नाइ जा रहल बा। पीसी चाको से एह मामिला पर हमार कौनो चर्चा नइखे भइल।
401590cookie-checkका एनसीपी में शामिल होइहें शशि थरूर, नाराजगी के खबर के बीच कांग्रेस से कs सकतनें किनारा!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.