ललन सिंह फेर बनलें JDU के राष्ट्रीय अध्यक्ष, मुख्य चुनाव अधिकारी अनिल हेगड़े कइलें घोषणा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2022

ललन सिंह दूसरा बेर JDU के राष्ट्रीय अध्यक्ष निर्वाचित भइल बाड़े। जदयू के राष्ट्रीय निर्वाचन अधिकारी अनिल हेगड़े एह बात के घोषणा कइलें बाड़े। ऊ कहलें कि अध्यक्ष पद खातिर नामांकन के बाद नाम लेवे

Share

ललन सिंह दूसरा बेर JDU के राष्ट्रीय अध्यक्ष निर्वाचित भइल बाड़े। जदयू के राष्ट्रीय निर्वाचन अधिकारी अनिल हेगड़े एह बात के घोषणा कइलें बाड़े। ऊ कहलें कि अध्यक्ष पद खातिर नामांकन के बाद नाम लेवे के आखिरी तिथि तक खाली एगो व्यक्ति ललन सिंह नामांकन कइलें। अइसन में ललन सिंह निर्विरोध राष्ट्रीय अध्यक्ष निर्वाचित होत बाड़े। हालांकि पहिलही से, राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह के निर्विरोध चुनल गइल लगभग तय रहे। खाली एकर औपचारिक घोषणा बाकी रहे। दस दिसंबर के राष्ट्रीय परिषद के बैठक आयोजित होई। ई बैठक जदयू प्रदेश मुख्यालय के कर्पूरी सभागार में अपराह्न तीन बजे से होई।

सनीचर के कइले रहस नामांकन

ललन सिंह अध्यक्ष पद खातिर सनीचर के नामांकन कइले रहस। अतवार के नामांकन के आखिरी तिथि रहे। ओहिजा सोमार के नामांकन वापस लेवे के आखिरी तिथि रहे। एकरा संगही अतवार सांझ के नामांकन के भइल स्क्रूटनी में ललन सिंह के नामांकन पत्र सही पावल गइल। दूनो डेड लाइन समाप्त होखला के बाद मुख्य चुनाव अधिकारी के द्वारा आधिकारिक रुप से एह बात के घोषणा कइल गइल बा। हालांकि, एकरा पहिले ई चरचा रहे कि पार्टी में राष्ट्रीय अध्यक्ष के पद पर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ललन सिंह के पसंद करत रहस। अइसन में लगभग नामांकन के पहिलही से, उनकर जीत तय रहे।

नीतीश कुमार बनल रहस प्रस्तावक 

बतावल जा रहल बा कि ललन सिंह दिल्ली में पार्टी के राष्ट्रीय कार्यालय में पर्चा भरले रहस। ऊ तीन अगल-अलग सेट में पर्चा दाखिल कइले रहस। प्रत्येक नामांकन के सेट में 10-10 प्रस्तावक बनलें। पहिला सेट में प्रस्तावक के रुप में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, मंत्री संजय झा, मंत्री बिजेंद्र प्रसाद यादव, मंत्री विजय कुमार चौधरी, जदयू संसदीय बोर्ड के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा, जदयू के राष्ट्रीय महासचिव अफाक अहमद सहित कइयन सांसद सामिल रहे लो। ओहिजा दूसरका सेट में प्रस्तावक में झारखंड में जदयू के प्रदेश अध्यक्ष खीरू महतो सहित आउर पार्टी नेता सामिल रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.