Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी कैबिनेट 2022-23 के अनुपूरक बजट के दिहलें मंजूरी, कुछुए देर में विधानसभा में कइल जाई पेश

354

यूपी विधानमंडल के शीतकालीन सत्र आजु से शुरू हो रहल बा। सत्र के पहले दिन योगी सरकार अनुपूरक बजट प्रस्तुत करी। एहमें निवेश प्रोत्साहन, केंद्रीय योजना के राज्य के हिस्सा अउर इंफ्रास्ट्रक्चर खातिर अतिरिक्त धन के व्यवस्था के मांग कइल जाई। एकरे पहिले मुख्यमंत्री आवास पs भइल कैबिनेट बैठक में 2022-23 के अनुपूरक बजट के मंजूरी दे दिहल गइल।

अनुपूरक बजट में फरवरी में होखे वाला ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट खातिर धन के विशेष प्रबंध होई। नगर विकास विभाग के स्वच्छ भारत मिशन, अमृत योजना, स्मार्ट सिटी अउर प्रधानमंत्री आवास योजना खातिर राज्यांश संबंधी मांग भी एही से पूरा होई।

पीडब्ल्यूडी सड़क खातिर मांगल गइल दू हजार करोड़

पीडब्ल्यूडी सड़क के चौड़ीकरण अउर सुदृढ़ीकरण खातिर करीब 2000 करोड़ रुपया मंगले बानें। उहवें सिंचाई विभाग के कंप्यूटराइजेशन खातिरो राशि मिलले के उम्मीद बा। सरकार के घोषणा के तहत युवा खातिर निशुल्क टैबलेट अउर स्मार्ट फोन खातिरो भी बजट प्रस्तावित होई। एकरे अलावा अयोध्या में अंतर्राष्ट्रीय एयरपोर्ट अउर दूसर सुविधा खातिरो अनुपूरक बजट के माध्यम से धन के व्यवस्था कइल जाई।

उहवें कानपुर समेत सब मेट्रो परियोजना, ग्रेटर नोएडा फिल्म सिटी, जेवर एयरपोर्ट अउर दूसर बड़ प्रोजेक्ट खातिरो अतिरिक्त बजट आवंटन कइल जा सकsता। स्वास्थ्य अउर शिक्षा के पहिले से चल रहल योजना के अंतिम रूप देवे खातिर संबंधित विभाग के अतिरिक्त बजट के कुछ हिस्सा दिहल जाई।

एकरे अलावा पूर्व में पारित वित्त वर्ष 2022-23 के आम बजट 6,15,518.97 लाख करोड़ रुपया के रहल। अनुपूरक बजट मिला के ई लगभग 6 लाख 70 हजार करोड़ के आसपास के हो जाई। जौन कि अपने आप में एगो बड़ रिकॉर्ड होई। आम बजट प्रस्तुत करत समय सदन में वित्त मंत्री कहले रहनें कि कुल राजस्व प्राप्ति 590951 करोड़ रुपया अनुमानित बा। कुल प्राप्तियन में 499212 करोड़ रुपया राजस्व से आई अउर 91739 करोड़ रुपया के पूंजीगत प्राप्ति शामिल बा।

401480cookie-checkयूपी कैबिनेट 2022-23 के अनुपूरक बजट के दिहलें मंजूरी, कुछुए देर में विधानसभा में कइल जाई पेश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.