Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नगर निकायन में दूसरका चरण के वोटिंग: 17 नगर निगमन समेत 68 निकायन में मतदान, मतदाता चुनी लोग मेयर, डिप्टी मेयर आ वार्ड पार्षद

620

बिहार में दूसरा चरण में 68 नगर निकायन में वोटिंग सुरू हो चुकल बा। एमे 17 नगर निगम, दू गो नगर परिषद क्षेत्र आ 49 नगर पंचायत बा। मतदान के लेके प्रशासन सब तरह से मुस्तैद बा। राज्य निर्वाचन आयोग के तरफ से एह चुनाव में सावधानी बरते के अपील कइल गइल बा। हर एगो बूथ पs एगो मतदाता खातिर तीन-तीन कंपार्टमेंट बनावाल गइल बा।

एगो मतदाता अपना नगर निगम क्षेत्र में मेयर, डिप्टी मेयर, वार्ड पार्षद खातिर वोट दी। ओहिजा नगर परिषद आ नगर पंचायत के जहां-जहां चुनाव बा, उहां मुख्य पार्षद, उप मुख्य पार्षद आ वार्ड पार्षद खातिर मतदान हो रहल बा।

आरा में सबेरे-सबेरे मतदान करे पहुंचल बुजुर्ग दंपती।

 

कुल 1665 पदन खातिर हो रहल बा मतदान

दूसरका चरण के नगर पालिका चुनाव 23 जिलन में चल रहल बा। मेयर भा मुख्य पार्षद, डिप्टी मेयर भा उप मुख्य पार्षद आ पार्षदन खातिर कुल 1665 पदन खातिर मतदान हो रहल बा। मेयर भा मुख्य पार्षद खातिर 68 आ डिप्टी मेयर भा उप मुख्य पार्षद खातिर 68 पद बा।

मुंगेर में मतदान केंद्रन पs मॉक ड्रिल करत कर्मचारी।
मुंगेर में मतदान केंद्रन पs मॉक ड्रिल करत कर्मचारी।

 

पार्षद खातिर 1529 पद बा। दूसरका चरण में 11884 प्रत्याशी मैदान में बावे लो। मुख्य पार्षद खातिर 992 प्रत्याशी मैदान में बा लो तs उप मुख्य पार्षद खातिर 888 प्रत्याशी मैदान में बावे लो। पार्षद पद खातिर 10004 प्रत्याशी मैदान में बावे लो।

दूसरका चरण में वार्ड पार्षद पद खातिर 14 प्रत्याशी निर्विरोध चुनल गइल बा। 23 जिलन में 7084 बूथ बनावल गइल बा। हर बूथ पs छव-छव मतदान कर्मियन के तैनात कइल गइल बा। सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा। राज्य निर्वाचन आयोग के तरफ से मतदाता लोगन के पहचान खातिर डिजिटल फोटोग्राफी सर्विलांस तकनीक के उपयोग कइल गइल बा।

मुंगेर के बैद्यनाथ स्कूल में पिंक बूथ पs मतदान कर्मी।

 

30 दिसंबर के वोटन के गिनती, नाया साल में शपथ ग्रहण

सबेरे 7:00 बजे से सांझ 5:00 बजे तक मतदान होई। दूसरका चरण में कुल 6,19,48,267 मतदाता अपना अधिकार के इस्तेमाल करी लो। एमे 3,26,10,259 पुरुष होइहें ओहिजा, 2,93,37,758 महिला होई लो। 250 थर्ड जेंडर के मतदाता अपना वोट के प्रयोग करी लो। बता दीं कि 30 दिसंबर के वोटन के गिनती होई। ओहिजा नया चुनल गइल मेयर, उप मेयर, चेयरमैन, डिप्टी चेयरमैन आ वार्ड पार्षदन के शपथ ग्रहण नया साल में होई।

एह बार एहिसे खास बा चुनाव

एह बार के नगर निगम चुनाव खास बा, काहेकि अबकी बेर जनता वार्ड पार्षद, मेयर आ डिप्टी मेयर तीन पदन खातिर मतदान करी। पहिला बेर मुख्य पार्षद माने मेयर आ उप मुख्य पार्षद माने डिप्टी मेयर के चुनाव सीधे जनता के वोट से होई। पहिले खाली वार्ड पार्षद चुनल जात रहे। पहिले निर्वाचित पार्षद मिलके चुनाव के बाद महापौर आ उप महापौर के चुनाव करत रहे लोग।

साभार: दैनिक भास्कर

422820cookie-checkनगर निकायन में दूसरका चरण के वोटिंग: 17 नगर निगमन समेत 68 निकायन में मतदान, मतदाता चुनी लोग मेयर, डिप्टी मेयर आ वार्ड पार्षद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.