Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

निकाय चुनाव से पहिले 2 नगर पंचायत के नाम बदलल, गोरखपुर के मुंडेरा बाजार भइल ‘चौरीचौरा’; देवरिया के तेलिया अफगान बनल ‘तेलिया शुक्ला’

503

यूपी में निकाय चुनाव से ठीक पहिले गोरखपुर अउर देवरिया में दू नगर पंचायत का नाम सरकार बदल दिहले बा। तेलिया अफगान के नाम बदलकर ‘तेलिया शुक्ला अउर मुंडेरा बाजार के नाम चौरीचौरा कर दिहल गइल बा। तेलिया अफगान देवरिया त मुंडेरा बाजार गोरखपुर में बा। केंद्रीय गृह मंत्रालय एकरे खातिर NOC (नॉन आब्जेक्शन सर्टिफिकेट) भी दे दिहले बा। गोरखपुर सांसद रवि किशन शुक्ला खुद मंगर के साँझ के ट्वीट कs के एकर जानकारी दिहले बानें।

उहवें, चौरीचौरा से भाजपा विधायक अउर निषाद पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष डॉ. संजय निषाद के बेटे सरवन निषाद बतवलें, ”नगर पंचायत मुंडेरा बाजार के नाम बदल के अब चौरीचौरा हो गइले से अब एह बेर के निकाय चुनाव नगर पंचायत चौरीचौरा के नाम से संपन्न होई।’

सब विभाग से मिलल सहमति

ऊ बतवलें, गृह मंत्रालय कौनहू स्थान के नाम बदले खातिर रेल मंत्रालय, डाक विभाग अउर भारतीय सर्वेक्षण विभाग के सहमति देहले के बाद अनापत्ति प्रमाण पत्र देहल जाला। जेकर सब प्रक्रिया पूरा भइले के बाद अब NOC भी जारी कs दीहल गइल बा। एकरे खातिर सरवन निषाद विधायक गृह मंत्रालय के विशेष आभार व्यक्त कइलें।

423360cookie-checkनिकाय चुनाव से पहिले 2 नगर पंचायत के नाम बदलल, गोरखपुर के मुंडेरा बाजार भइल ‘चौरीचौरा’; देवरिया के तेलिया अफगान बनल ‘तेलिया शुक्ला’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.