[the_ad_group id="30365"]

जहरीला शराब त्रासदी झेले वाले मशरख में मतदान: अलग-अलग पद खातिर 19,832 मतदाता करिहें वोटिंग, 29 मतदान केंद्र बनावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में नगर निकाय के अंतिम चुनाव के प्रचार के शोर थम गइल बा। लेकिन प्रत्याशी अउर मतदाता अभीन दमखम लगा रहल बानें। दूसरे चरण के चुनाव के लेके चर्चा के बाजार गर्म बा। सारण जिला में एगो नगर निगम के साथ तीन नगर पंचायत के चुनाव बुध के 28 दिसंबर के होखे के बा। एह चुनाव में मसरख नगर पंचायत के चुनाव चर्चा के विषय बनल बा।

मसरख नगर पंचायत क्षेत्र में जहरीला शराब के सेवन से कई लोग के मौत हो गइल रहे। एह बेर नगर पंचायत चुनाव जहरीली शराब के शोर में बिला गइल रहे। लेकिन बीतते समय के साथ दिन नजदीक अइतही चुनावी सरगर्मी देखे के मिलल। स्थानीय लोग के अनुसार, शराब त्रासदी के बाद चुनावी माहौल से शराब के नाम पर लोग तौबा कर लिहले बानें। एक तरफ चुनाव में जहां शराब अउर पइसा के बोलबाला रहत रहे।

नवगठित मशरख नगर पंचायत में दू पंचायत के सम्मिलित कइल गइल बा। मशरख पूर्वी अउर मशरख पश्चमी पंचायत के सम्मिलित कइल गइल बा। नगर पंचायत खातिर होखे वाले पहिले चुनाव खातिर एक मुख्य पार्षद, एक उप मुख्य पार्षद अउर 16 वार्ड पार्षद खातिर होखे वाले चुनाव के ले के कुल 29 मतदान केंद्र बनावल गइल बा। पूरे नगर पंचायत के 5 सेक्टर में बांटल गइल बा।

नगर पंचायत के पहिले चुनाव में कुल 19,832 मतदाता अपने मताधिकार के प्रयोग करिहें। एहमें 10,411 पुरुष त 9421 महिला मतदाता बानें। मुख्य पार्षद खातिर कुल 12 प्रत्याशी जबकि उप मुख्य पार्षद खातिर कुल 16 प्रत्याशी मैदान में रहनें। जबकि वार्ड नंबर 11 से सबसे कम 4 प्रत्याशी जबकि सबसे अधिक वार्ड नंबर 10 से 13 प्रत्याशी चुनाव मैदान में बानें।

मसरख नगर पंचायत में मुख्य पार्षद के पद अति पिछड़ा जाति खातिर आरक्षित होखले के चलते अन्य जातियन के दखलअंदाजी ख़तम हो गइल बा। बावजूद एकरे दूसर जाति के नेता अपने करीबी प्रत्याशी के हर जीत के समीकरण में जुटल बानें। मुख्य पार्षद खातिर 16 प्रत्याशी मैदान में बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]