[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बिहान यूनिवर्सिटी गेट के सड़क रही बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में ट्रैफिक पुलिस ओर से  10 मार्च को होखे आला मतगणना खातिर कई रूट पs डायवर्जन जारी कइल गइल बा। संगही यूनिवर्सिटी गेट आला सड़क मतगणना के दिन बंद रही। उहें, यूनिवर्सिटी कैंपस में पार्किंग की व्यवस्थो क देहल गइल बा।

जानें ट्रैफिक पुलिस का रूट डायवर्जन

  • मतगणना में लागल सब कर्मचारियन, पुलिस कर्मियन अउर अन्य कर्मियन का गाडी विश्वविद्यालय के गेट नंबर दू (प्राचीन इतिहास गेट) से आई।
  • सब अधिकारियन अउर मीडिया कर्मियन के वाहन विश्वविद्यालय के गेट नंबर-2 (प्राचीन इतिहास गेट) से आई।
  • सभी मतगणना, पुलिस, मीडिया कर्मियन के दू पहिया/चार पहिया वाहन फुटबाल स्टेडियम ग्राउंड विश्वविद्यालय में पार्क होई।
  • सब प्रशासनिक अधिकारियन अउर अन्य वरिष्ठ अधिकारियन के गाड़ी  गेट नंबर 2 से आ के विश्वविद्यालय हैलीपैड ग्राउंड पर पार्क होई।
  • ट्रान्सफार्मर तिराहा से छात्रसंघ भवन चौराहा ले नो-व्हीकल जोन रही।
  • मतगणना एजेंट के सब प्रकार के गाड़ियां नेपाल क्लब में पुराना आरटीओ के लग्गे पार्क होई।
  • प्रत्याशी के चार पहिया वाहन विश्वविद्यालय मुख्य द्वार के बगल में साइकिल स्टैंड में पार्क होई।
  • विश्वविद्यालय मुख्य गेट के सामने से गोरखपुर क्लब होत आयकर भवन तिराहा ले सामान्य यातायात मतगणना के दिन बंद रही।
  • पैडलेगंज से छात्रसंघ भवन चौराहा होके रोडवेज ले जाए वाली बस सब मतगणना होखले ले मोहद्दीपुर चौराहा होके रोडवेज बस डिपों जाई। एही तरे रोडवेज से छात्रसंघ भवन ओर जाए वाला सब तरह के गाड़ी विश्वविद्यालय चौराहा से मोहद्दीपुर चौराहा होके  जाई।
  • मोहद्दीपुर चौराहा से विश्वविद्यालय चौराहा ले आवे वाला छोटका वाहन पाण्डेय पेट्रोल पम्प से दाहिने मुड़ के जगदम्बा शक्तिपीठ तिराहा से रेलवे स्टेशन रोड होत अपने गन्तव्य के जइहें सब।
  • विश्वविद्यालय मुख्य द्वार होके जाए वाला सब प्रकार के वाहनन के आइल गइल बंद रहियें।

 

साभार – दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]