उत्तर प्रदेश में लू से बचाव खातिर स्कूलन के समे बदली

Share

प्रदेश में बढ़त गरमी के देखत लू से बचावे खातिर स्कूलन आ श्रमिकन के काम के समे बदलल जाई। राहत आयुक्त रणवीर प्रसाद बियफे के लू से बचाव के संबंध में शासनादेस जारी करत प्रदेश के सभे जिलाधिकारियन के निरदेस भेज देले बाड़े।

राहत आयुक्त कावर से जारी आदेस में कहल गइल बा कि लू से बचाव खातिर सार्वजनिक जगहन पs पेयजल के समुचित बेवस्था करावल जाव। मंदिर, लोकभवन, मॉल आदि में कुलिंग सेंटर चलावल जाव। लू से जुड़ल अलर्ट खातिर डिस्प्ले बोर्ड लगावल जाई।

- Sponsored Ads-

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-