गोरखपुर विश्वविधालय: राष्ट्रध्वज विवाद में IGRS पs जांच अधिकारी कइले झूठ रिपोर्ट दर्ज, फाटल तिरंगा फहरत रहला पs दर्ज करावल गइल रहे शिकायत

Anurag Ranjan
  • कुलपति समेत जिम्मेदार अधिकारियन के खिलाफ वकील शुभेन्द्र सत्यदेव दर्ज करवले रहले शिकायत।
  • पद के प्रभाव के दुरुपयोग करत विवादन पs लीपापोती कइसे होला आ प्रशासनिक अमला कागज पs कइसे साफ झूठ बोल जाला एकर बानगी लउकल।
  • दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविधालय के कुलपति आ कैंट थाना के जिम्मेदार अधिकारी के कागज पs झूठ आइल सोझा।
  • झण्डा दुबारा लागल ना बाकिर कागज पs आ ऑनलाइन IGRS में अपलोड दिहल गइल झण्डा बदल के दुबारा लगवला के रिपोर्ट।

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविधालय ए घरी अपना करतूत के वजे से लगतार कटघरा में खड़ा हो रहल बा। ताजा ममिला राष्ट्रध्वज तिरंगा से जुड़ल बा। रउआ सभे के मालूम होई खबर भोजपुरी आ तमाम मीडिया प्लैटफ़ार्म पs एगो खबर लागल रहे कि विश्वविधालय में फाटल झण्डा फहर रहल बा। जवना के आलोक में गोरखपुर के जिम्मेदार वकील शुभेन्द्र सत्यादेव कावर से जिम्मेदार लोगन के खिलाफ IGRS पs शिकायत दर्ज करावल गइल रहे। ममिला के तूल पकड़त देख के झण्डा उतार लिहल गइल रहे।

जांच के नाव पs लगा दिहल गइल झूठ रिपोर्ट

20 अप्रिल (बुध) के आईजीआरएस पs शिकायत के जबाब में विश्वविधालय के तरफ से जांच के समे दिहल  बयान के आलोक में रिपोर्ट लगावल गइल कि जानकारी मिलते फाटल झण्डा के उतार के दोसर झण्डा लगवा/लगा दिहल गइल। जांच अधिकारी श्री शरद यादव जी अपना रिपोर्ट में लगवले बानी कि हमरा जांच में पावल गइल कि राष्ट्रध्वज तेज हवा चलला के वजे से फाट गइल रहे जवना के विश्वविधालय के जिम्मेदार अधिकारियन द्वारा हटवा के दोसर राष्टध्वज लगवा दिहल गइल बा। एह रिपोर्ट पs वरिष्ठ अधिकारी के स्वीकृतियो मिलल बा।

बाकिर 21 अप्रिल के (बियफे) के शिकायत कर्ता  वकील शुभेन्द्र सत्यदेव जब रिपोर्ट के आधार पs झण्डा फहरत देखे गइले तs झण्डा फहरत तs दूर के बात रहे, दोसर झण्डा लागले ना रहे। एसे इ साफ हो जात बा कि उच्चअधिकारी आ प्रशासन के बीच के साठगांठ से राष्ट्र के प्रतीक आ गौरव तिरंगा से जुड़ल मामलन तक के लापरवाही से जांच होत बा आ ममिला के दबा दिहल जात बा, जबकि अइसन होखल राष्ट्र के प्रतीक के घोर अपमान बा।

वकील शुभेन्द्र सत्यदेव के मोताबिक अइसन प्रशासनिक लापरवाही मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के महत्वाकांक्षी न्याय संगत एलेक्ट्रोनिक गवर्नेंस के संगे बड़ खिलवाड़ के उजागर करत बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।