[the_ad_group id="30365"]

जम्मू में पीएम मोदी के दौरा के लेके अलर्ट के बीचे अंतरराष्ट्रीय सीमा से 5 संदिग्ध गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू में सांबा जिला के विजयपुर के पल्ली गांव में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के 24 अप्रैल के प्रस्तावित दौरे से पहिले सुरक्षा एजेंसी भारत-पाकिस्तान अंतरराष्ट्रीय सीमा पर हीरानगर सेक्टर से पांच संदिग्ध पकड़ाइल बाने। प्रारंभिक पूछताछ के बाद एहमें से दू लोग के जांच खातिर जम्मू भेज देहल गइल बा। पुलिस बुधवार तड़के इनपुट के आधार पर दबिश सीमा से सटल गांव में दबिश दे के एक बैग अउर कुछ दस्तावेज के संगे संदिग्धन के हिरासत में लेहले।

पुलिस आरोपियन के लग्गे से बैग अउर कुछ संदिग्ध दस्तावेज बरामद कइले बाने

इनपुट के आधार पर लोग के जांच खातिर बुलावल जाला, ई प्रक्रिया ओही के कड़ी बा. हालांकि, खुफिया सूत्र बतवलस कि पुलिस संदिग्धन के लग्गे से बैग अउर कुछ संदिग्ध दस्तावेज बरामद कइले बाने। पुलिस संदिग्ध गतिविधियन के सूचना के आधार पर बुधवार सुबह पांच बजे आईबी से सटल गांव लच्छीपुर, ग्यालबंद, महेश चक, मंडला में तलाशी अभियान चलवने.

तलाशी के दौरान सीआरपीएफ अउर जम्मू-कश्मीर पुलिस (एसओजी) के एगो विशेष टीम मंडला अउर ग्याल बंड से कुल पांच संदिग्धन के हिरासत में लेहल अउर उनसे राजबाग थाने में पूछताछ कइलस.

अजनबियन को हॉट स्पॉट वाईफाई न दें लोग: पुलिस

जम्मू-कश्मीर पुलिस सब इंटरनेट उपयोगकर्ताओं से अनुरोध कइले बाटे कि ऊ अजनबियन अउर अपराधियन के वाईफाई, हॉट स्पॉट प्रदान न करें। अगर केहू अइसन मामला में संलिप्त पावल जाला त इंटरनेट प्रदाता के खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई।

पता चलल बा कि पिछले कुछ दिन में ई बात सामने आइल बा कि सुरक्षाबल के रडार से बचे खातिर आतंकी अउर उनके मददगार दूसरे के हॉट स्पॉट के सुविधा के इस्तेमाल कs रहल बाने. संगही ऊ ओह मोबाइल के इस्तेमाल कर रहल बाने. जौने पर पुलिस के शक होखले के संभावना कम बा। सुरक्षा एजेंसियन के जांच के दौरान एह नया तरीका के खुलासा भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]