प्रयागराज : गर्लफ्रेंड के अफेयर के चलते पढ़ल-लिखल लोग हो गईल बाड़े चोर

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में अपना प्रेमिका के महंगा शौक पूरा करे खातीर बाइक चोरी के घटना के अंजाम देवे वाला बाइक चोर गिरोह के पुलिस बरामद कईले बिया। बाइक चोर के ए गिरोह के

Share

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में अपना प्रेमिका के महंगा शौक पूरा करे खातीर बाइक चोरी के घटना के अंजाम देवे वाला बाइक चोर गिरोह के पुलिस बरामद कईले बिया। बाइक चोर के ए गिरोह के हेड विवेक पाल समेत 6 लोग के पुलिस गिरफ्तार क लेले बिया।

पुलिस ए गिरोह से चोरी भईल 24 बाइक भी बरामद कईले बिया। पुलिस के मुताबिक बाइक चोर गिरोह पछिला 3 साल से बाइक चोरी के घटना करत रहे। एतने ना, गिरफ्तार गिरोह से गाड़ी के फर्जी दस्तावेज बनावे में इस्तेमाल होखेवाला लैपटॉप समेत अवुरी बहुत समानो बरामद भईल बा।

पुलिस के ओर से पकड़ल गईल गिरोह के सदस्य से पूछताछ में पता चलल कि इ लोग अपना प्रेमिका के शौक के पूरा करे खातीर इ सब चोरी करत रहले।

लॉकडाउन में बाइक चोरी के काम कइले रहने सब शुरू

जब पूरा देश कोविड-19 के महामारी से जूझत रहे त ओह दौरान बहुत लोग के नौकरी छूट गईल। लॉकडाउन में ए लोग के नौकरी छूट गईल, जवना के बाद इ लोग आर्थिक संकट से गुजरत रहले। एकरा बाद उ बाइक चोरी करे के फैसला कईले।
गिरोह के नेता विवेक पाल अपना साथी मनीष के संगे बाइक चोरी करे लगले, जेकरा बाद चार अउर सदस्य ए गिरोह में शामिल हो गईले। पुलिस के पकड़ल इ गिरोह प्रयागराज शहर अउरी ओकरा आसपास के इलाका से बाइक चोरी करत रहे।
गिरोह के सब सदस्यन के एक-एक प्रेमिका रहे। पूछताछ के दौरान पुलिस के इ जानकारी मिलल। ए गिरोह के मुख्य गुंडा विवेक पाल बीएससी के पढ़ाई पूरा क लेले बाड़े, जबकि उनुकर साथी मनीष स्नातक बाड़े। गिरफ्तार गिरोह के बाकी सदस्य लोगो पढ़ल-लिखल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.