Gorakhpur: लिटिल फ्लावर स्कूल के छात्रन से मांगत रहे गुंडा टैक्स, गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

गोरखपुर के शाहपुर इलाका के लिटिल फ्लावर धर्मपुर के विद्यार्थियन से गुंडा टैक्स के मांग करे के आरोपी के शाहपुर पुलिस सनिचर के गिरफ्तार कs लेलस। ओकरा लगे से पुलिस तमंचा बरामद कइलस। एकरा पहिलहू

Share

गोरखपुर के शाहपुर इलाका के लिटिल फ्लावर धर्मपुर के विद्यार्थियन से गुंडा टैक्स के मांग करे के आरोपी के शाहपुर पुलिस सनिचर के गिरफ्तार कs लेलस। ओकरा लगे से पुलिस तमंचा बरामद कइलस। एकरा पहिलहू ऊ पांच बार जेल जा चुकल बा।

नशा के इंजेक्शन ना देला पs हॉस्पिटल में फायरिंग के आरोप में गिरफ्तारो भइल रहे। पकड़ल गइल आरोपी के पहचान आवास विकास कॉलोनी निवासी मैनुद्दीन के रूप में में भइल बा।

जानकारी के मोतबिक, शाहपुर इलाका के धर्मपुर में इस्थित लिटिल फ्लावर में पढ़े आला दसवीं आ 12वीं के छात्रन से पिछला कुछ दिनन से एगो आदमी गुंडा टैक्स मांगत रहे।

स्कूल के छुट्टी भा फेर लंच टाइम में ऊ स्कूल के लगे पहुंच जात रहे। ओकरा लगे तमंचो रहता रहे जवना के दिखाके अक्सर छात्रन के धमकावत रहे। आरोपी अइ सन छात्रन के पहचान कइले रहे, जे अच्छे परिवार से आवत रहे लो। पईसा दे सकत रहे लो। पांच हजार से 20 हजार रुपिया तक गुंडा टैक्स मांगत रहे।

छात्रा लोग से छेड़खानी के शिकायतो मिलल रहे। आरोपी के धमकी आ रस्ता में घेरके पिटाई करे से तंग आके कुछ छात्र स्कूल के प्रिंसिपल से शिकायत कइले रहे लो , जवना के बाद प्रिंसिपल शाहपुर थाना के पुलिस के संगही एसएसपी के  प्रार्थनापत्र देले रहस। अब पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कsके जेल भेज देले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.