रघुनाथपुर के पत्रकार लो बेगूसराय में पत्रकार के हत्या के तीख भर्त्सना कइल, सीएम के पत्र लिख तुरंत कार्रवाई के मांग

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2022

मिले एगो आश्रित के सरकारी नौकरी, दू मिनट के मौन रखके दिहल गइल श्रद्धांजलि   बेगूसराय में पत्रकार सुभाष कुमार के हत्या कइल गइला पs रघुनाथपुर के पत्रकार लो तीख भर्त्सना कइले बा। ममिला में

Share

मिले एगो आश्रित के सरकारी नौकरी, दू मिनट के मौन रखके दिहल गइल श्रद्धांजलि

 

बेगूसराय में पत्रकार सुभाष कुमार के हत्या कइल गइला पs रघुनाथपुर के पत्रकार लो तीख भर्त्सना कइले बा। ममिला में बिहार के मुख्यमंत्री, बिहार सरकार के मुख्य सचिव, डीजीपी, डीआईजी बेगूसराय, जिलाधिकारी बेगूसराय आ एसपी बेगूसराय केे पत्र लिख के तुरंत कारवाई के मांग कइल गइल बा।

पत्रकार सुभाष कुमार हत्याकांड में त्वरित कार्रवाई करत त्वरित अनुसंधान, दोषियन के जल्द से जल्द गिरफ्तारी आ स्पीडी ट्रायल कs के कड़ा से कड़ा सजा के मांग कइल गइल संगही एगो आश्रित के सरकारी नौकरी देवे के मांग भइल बा।

मवका पs गोपीनाथ सोनी,संदीप कुमार,हरेंद्र सिंह,ज्योति सिंह,आर जे राणा,नेहाल सिंह,राजा सिंह,शेषनाथ चौधरी सहित आउर लोग मवजूद रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.