Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी न्यूज : पीएम मोदी वाराणसी के दिहलें 1700 करोड़ से बेसी के सौगात 

294

पीएम मोदी अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के 1700 करोड़ से अधिका के उपहार देले बाड़न। उ सिगरा स्टेडियम से 43 गो योजना के उद्घाटन आ शिलान्यास कइले, एकरा से पहिले उ अक्षय पात्र किचन के उद्घाटन कइले अवरू नया शिक्षा नीति पs आयोजित सम्मेलन के उद्घाटन कईले।

शिक्षा नीति के लेके वाराणसी पहुंचल पीएम मोदी कहले कि राष्ट्रीय शिक्षा के मूल आधार शिक्षा के संकीर्ण घेरा से बाहर निकाल के 21वीं सदी के विचार से जोड़ल बा। अपना देश में प्रतिभा के कवनो कमी नइखे। दुर्भाग्य से अइसन व्यवस्था बनल, जवना में शिक्षा के खाली एगो काम मानल जात रहे। गुलामी के समय अंगरेज लोग एह तरह के शिक्षा के विकास खाली अपना खातिर नौकर बनावे ला कइलस। आजादी के बाद तनी कम बदलाव भइल बाकिर बहुत कुछ रह गइल। अंगरेजन के बनावल व्यवस्था भारत के शिक्षा व्यवस्था ना रहे। बनारस एकर एगो जीवंत उदाहरण बा। इहाँ ज्ञान आ शिक्षा बहुआयामी रहे। ई बहुआयामी व्यवस्था हमनी के शिक्षा के केंद्र होखे के चाहीं।

एकरा से पहिले वाराणसी के लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दिल्ली से वायुसेना के विशेष विमान में अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी दौरा पs दुपहरिया के 01:24 बजे हवाई अड्डा पहुंचले। पीएम के स्वागत आ अभिनंदन राज्यपाल आनंदीबेन पटेल आ मुख्यमंत्री योगी आदित्य कइल लो। सबसे पहिले अक्षय पत्र फाउंडेशन सामुदायिक भोजन रसोईया के उद्घाटन कइले। ओहिजा से ऊ शिक्षा नीति पर आयोजित बइठक में चहुँपले।

 

288370cookie-checkयूपी न्यूज : पीएम मोदी वाराणसी के दिहलें 1700 करोड़ से बेसी के सौगात 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.