Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

330
  1. बिहार: डायल 112 बिहार- भागलपुर के पहिला दिने कॉल कइला पs पहुंचल पुलिस, ज्यादातर लोग कहल- खाली चेक करत रहनी….
  2. बिहार: उदयपुर कन्हैयालाल हत्याकांड में बिहार के मुन्नवर के खाका खंगाल रहल बिया NIA, पुलिस से मंगलस समूचा कुंडली।
  3. उत्तर प्रदेश: राज बब्बर के 24 साल पुरान ममिला में 2 साल के सजा मिलल, चुनाव में दखल पs एमपी-एमएलए कोर्ट के आइल फसिला। मतदान अधिकारी से मारपीट के दर्ज करावल गइल रहे 2 मई, 1996 के केस।
  4. उत्तर प्रदेश: वाराणसी में पीएम मोदी बोलले- हमनी के आपन शिक्षा नीति के अंतराष्ट्रीय स्तर पs ले आवे के होई।
  5. झारखंड: झारखंड सौर ऊर्जा नीति 2022- तीन लाख से कम इनकम वालन के मिली 80 फीसदी सब्सिडी।
  6. केजरीवाल निभवले भगवंत के बाबुजी के रस्म: 48 के भगवंत 32 के गुरप्रीत से रचवले बियाह, राघव चड्डा बनले भाई।
  7. बोरिस जॉनसन पार्टी लीडर के पद छोड़ले- अक्टूबर तक ब्रिटिश पीएम बनल रहिहे, 50 मंत्री सांसदन के इस्तीफा के बाद लिहले फसिला।
  8. शिवसेना छोड़ सकत बाड़े 12 सांसद: 66 पार्षद शिंदे कैम्प जॉइन कइल लो, फ्लोर टेस्ट में शामिल ना होखे वाला MLA के कांग्रेस भेजलस नोटिस।
  9. फीका पड़ल सोना के चमक: लगातार दूसरा दिन कम भइल सोना के कीमत, चांदी के दामन में आइल तेजी।
  10. भारत के पाकिस्तान से मिलल हिसाब बराबर करे के मवका: एशिया कप में 28 अगस्त के आमने-सामने होई भारत पाकिस्तान।
288400cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.