गोरखपुर : स्ट्रांग रूम के सुरक्षा में लागल दू दारोगा सस्पेंड, परिसर में प्रत्याशी के घुसले पs भइल कारवाही

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2022

गोरखपुर में विश्वविद्यालय के स्ट्रांग रूम के सुरक्षा में लागल दू दरोगा के एसएसपी डा. विपिन ताडा लापरवाही के आरोप में सस्पेंड कs देहनें। आरोप बा कि ईवीएम के रखवारी करे पहुंचल नेता गाड़ी लेहले

Share

गोरखपुर में विश्वविद्यालय के स्ट्रांग रूम के सुरक्षा में लागल दू दरोगा के एसएसपी डा. विपिन ताडा लापरवाही के आरोप में सस्पेंड कs देहनें। आरोप बा कि ईवीएम के रखवारी करे पहुंचल नेता गाड़ी लेहले परिसर में पहुच गइल । चेकिंग में पहुंचल एसएसपी लापरवाही देखके निलंबित क देहलें।

ई ह पूरा मामला

मतदान के बाद ईवीएम के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के दीक्षा भवन अउर कला संकाय में बनल स्ट्रांग रूम में रखल गइल बा। जेकर सुरक्षा एसएसबी के संगही जिला पुलिस के ड्यूटी लागल बा। हर विधानसभा के रिटर्निंग अधिकारी रोजाना दिन में दू बेर स्ट्रांग रूम के जायजा ले रहल बानें। उम्मीदवार अउर उनके एजेंट के स्ट्रांग रूम के बहरे रुकले खातिर टेंट बनावल गइल बा। उम्मीदवार अउर उनके एजेंट सीसीटीवी के जरिए स्ट्रांग रूम में रखल ईवीएम देख सकेने। एसएसपी डा. विपिन ताडा सुरक्षा व्यवस्था के जायजा लेवे पहुंचनें त दीक्षा भवन परिसर में गाड़ी के संगे नेता अउर उनक्र समर्थक लोग घूमत रहल। एसएसपी के नाराजगी जतवले पs एसपी क्राइम नेतन के गाड़ी समेत परिसर से बहरा कइनें। एसएसपी डा. विपिन ताडा बतवने कि लापरवाही के आरोप में गेट के सुरक्षा-व्यवस्था में तैनात दारोगा सुनील सिंह अउर आरएन चौबे के सस्पेंड क देहल गइल बा।

 

साभार – दैनिक जागरण 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.