बिहार के तीन गो आइएएस अफसर बदल देहनें तस्‍वीर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 5, 2022

रङ्ग देखा रहल बा मोतिहारी, गोपालगंज अउर नवादा डीएम के सोच साफ नीयत के संगे सही दिशा में कइल गइल पहल रङ्ग लइबे करs ला। परिस्थितियन में बदलाव अउर विकास बस सरकारे के बूता के

Share

रङ्ग देखा रहल बा मोतिहारी, गोपालगंज अउर नवादा डीएम के सोच

साफ नीयत के संगे सही दिशा में कइल गइल पहल रङ्ग लइबे करs ला। परिस्थितियन में बदलाव अउर विकास बस सरकारे के बूता के चीज नाइ ह, एकरे खातिर जनता के सहभागितो जरूरी हवे। एके कौनो जिला के शासन व्यवस्था के बड़हन कुर्सी पs बइठल मनई समझ ले अउर एकरे खातिर नयका नयका प्रयोग करे त चीज तेजी से बदले लागsला। पूर्वी चंपारण के डीएम शीर्षत कपिल अशोक, गोपालगंज के डीएम डा. नवल किशोर चौधरी अउर नवादा के डीएम यशपाल मीणा उदहारन बानें।

शीर्षत कपिल पिछिलके बरिस दिसंबर में मोतिहारी में ‘पर्यावरण प्रहरी’ अउर ‘गार्जियन्स आफ चंपारण एप’ लांच कइले रहनें। दूनो एप के मकसद पुरान पेड़न के रक्षा कइल रहल। पर्यावरण प्रहरी एप से अब के 6500 पेड़न के जिओ टैगिंग कइल जा चुकल बा। उहवे ‘गार्जियंस आफ चंपारण’ एप से 1950 पुरान पेड़न के डिजिटल ओनरशिप लेहल गइल बा। ऊ बतवनें कि सिलसिला जारी बा। जल्दिए अइसन समय आई, जब जिला के हर पेड़-पौधा के केहू न केहू रखवार रही।

उहवें डॉ० नवल किशोर चौधरी 20 दिसंबर, 2021 के ‘गोपालगंज का गौरव एप लांच कइने जेमे गोपालगंज के विकास के लक्ष्य बा त नवादा के डीएम यशपाल मीणा ‘भूमि विवाद ट्रैकर’ एप के सुरुआत कइनें।

साभार-जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.