Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

383
  1. बिहार: अग्निवीरन के भरती के लेके बिहार में विरोध प्रदर्शन, मुजफ्फरपुर आ बक्सर में अभ्यर्थियन के हंगामा।
  2. बिहार: पटना में तेजप्रताप यादव के बंगला से लाखन के चोरी, नौकर चोरवलस आइफोन समेत आउर सामान।
  3. उत्तर प्रदेश: मुलायम के बहु आ भाजपा नेत्री अपर्णा यादव के जान से मारे के धमकी, कहलस- 72 घण्टा में बम से उड़ा दिहल जाई।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के पांच लाख युवा लो खातिर गुड़ न्यूज, दु महीना के भीतर मिली फ्री टैबलेट आ स्मार्टफोन।
  5. झारखंड: रांची हिंसा के मास्टरमाइंड नवाब चिस्ती हर दल के नेता लो के चहेता, मिलल हर दल के नेता लो के साथे तस्वीर।
  6. राष्ट्रपति चुनाव पs 2 घण्टा अपोजिशन के मीटिंग: ममता गोपाल गांधी आ फारुख अब्दुल्ला के नाम प्रपोज कइली, कांग्रेस-शिवसेना समेत 16 दल शामिल।
  7. राहुल से तीसरा दिने ईडी के पूछताछ जारी, हिरासत में लिहल गइले प्रदर्शन कs रहल सचिन पायलट।
  8. I2U2 के पहिला वर्चुअल समिट: अगिला महीना भारत, इजराइल, US आ UAE के बैठक, फूड सिक्योरिटी, ट्रेड आ टेक्नोलॉजी पs होई बात।
  9. केंसर के बाद HIV के इलाज मिलल: रिसर्च में दावा- वैक्सीन के एक डोज से बेमारी होई खत्म।
  10. ICC टी-20 रैंकिग में ईशान किशन के कमाल: 68 बल्लेबाजन के पछाड़ टॉप-10 में पहुंचले, टेस्ट में जो रुट नंबर 1।
273540cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.