[the_ad_group id="30365"]

सम्मान : सायरा बानो कइली दिलीप साहब खातिर भारत रत्न के मांग, कहली – भारत के कोहिनूर रहल बाने

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सायरा बानों हालही में अपना पति दिलीप कुमार के ओर से ‘भारत रत्न डॉ अंबेडकर अवार्ड’ लेवे पहुंचल रहली। मंगल का दिने भइल एह कार्यक्रम में अवार्ड लेत घरी अभिनेत्री अपना पति के याद करत रोवत रहली. सायरा कहली कि उ अभी भी इहाँ उनुका संगे बाड़ी। एकरा संगे-संगे उ दिवंगत अभिनेता के कोहिनूर बतवले अवुरी कहले कि उनुका के भारत रत्न से भी सम्मानित कईल जाए।

पुरस्कार लेत घरी सायरा रो देहली

पपराजी अकाउंट के ओर से शेयर कईल एगो वीडियो में सायरा के केंद्रीय मंत्री रामदास अथवाले के ओर से अवार्ड मिलत देखाई देता। एकरा बाद जइसहीं रामदास अथवाले दिलीप कुमार के बारे में बतियावलन, सायरा रोअ गइली. सायरा कहली कि इहे कारण बा कि उनुका कवनो कार्यक्रम में शामिल होखल पसंद ना होखे, काहेंकी आयोजन उनुका के भावुक महसूस करावेला।

भारत के ‘कोहिनूर’ रहने दिलिप साहब

ए कार्यक्रम में प्रेस से बतियावत सायरा कहली कि, “दिलीप साहब भारत के कोहिनूर रहल बाड़े। उनुका के भारत रत्न से सम्मानित करे के चाही। उ अब इहाँ बाड़े। हमरा याद में ना बालुक असल में उ हमरा हर कदम प हमरा संगे बाड़े। काहे कि हम सोच के अईसने आपन जीवन जी रहल बानी। हम कबो ना महसूस करब कि उ इहाँ नईखन। उ हमरा संगे बाड़े, हमेशा हमार सहारा रहीहे। हमार कोहिनूर।”

दिलीप कुमार के निधन 7 जुलाई 2021 के हो गइल

दिलीप कुमार के हाल ही में ‘भारत रत्न डॉ अंबेडकर अवार्ड’ खातिर नामांकित कईल गईल रहे। सायरा अपना ओर से पुरस्कार लेवे खाती मुंबई में एगो कार्यक्रम में पहुंचल रहले। दिलीप कुमार के निधन 7 जुलाई 2021 के 98 बरिस के उमिर में हो गइल। उ बहुत दिन से बेमारी से जूझत रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]