Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

465
  1. बिहार: ‘हम जा रहल बानी’ कॉल कs के बोलल फेर कइलस खुदकुशी; पटना में नीट के छात्र मरे से पहिले घर के लोगन से बात कइलस, वीडियो तक भेजलस। छपरा के रहे वाला रहे छात्र।
  2. बिहार: पूर्वी चंपारण में जहरीली शराब से 27 के मौत; 6 के आंख के रोशनी गइल, 2 ASI आ 9 चौकीदार सस्पेंड; 60 तस्कर गिरफ्तार।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक-अशरफ के शव लेवे रिश्तेदार पोस्टमार्टम हाउस पहुंचल लो; अभी तय ना कब दफनावल जाई; FIR में दावा- नाम कमाये खातिर हमलावरन द्वारा कइल गइल हत्या।
  4. उत्तर प्रदेश: बीजेपी लखनऊ के 110 वार्डन के प्रत्याशी कइलस घोषित; संगही 8 जिलन के 33 नगर पालिका अध्यक्ष प्रत्याशियन के लिस्ट कइल गइल जारी।
  5. झारखंड: बिहान सीएम हाउस के छात्र करी लो घेराव; सबेरे आठ बजे से मुख्यमंत्री आवास के दु सौ मीटर के दायरा में रही धारा 144, आदेस जारी। 60:40 नियोजन नीति आ खतियान आधारित स्थानीय नीति के लेके बा विरोध।
  6. शराब नीति केस, केजरीवाल से CBI ऑफिस में पूछताछ जारी: राघव चड्ढा अरविंद के कृष्ण बतवलें; AAP के 6 से जादे MLA हिरासत में। राघव चड्ढा भाजपा के कंस कहलें।
  7. जहां मोदी पs बयान देके सांसदी गववलें, ओह जगे पहुंचलें राहुल गांधी: कहलें- कर्नाटक में सरकार बनल तs बेरोजगारन के 3 हजार, महिला लोगन के 2 हजार भत्ता।
  8. देस में कोरोना के डेली केस घटल: 24 घंटा में 10 हजार 93 नया मरीज मिलल लो, 23 मौत भइल, एक्टिव केस 57 हजार के पार।
  9. पाकिस्तान के अभियो कर्जा देवे से कतरा रहल बा IMF: संगठन नया सिरा से गारंटी मंगलस, सऊदी अरब- UAE के डिपॉजिट तक काम ना आइल। 7 अरब डॉलर करजा के बा उम्मेद।
  10. आईपीएल 2023: आज के पहिला मैच में कोलकाता देलस मुंबई के 186 रन के टारगेट, ईशान किशन अर्धशतक बना के आउट, अर्जुन तेंदुलकर के आईपीएल में डेब्यू।
519070cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.