[the_ad_group id="30365"]

Mukul Roy Missing: TMC के वरिष्ठ नेता मुकुल रॉय लापता, बेटा कहलें- पापा से नइखे हो पा रहल संपर्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तृणमूल कांग्रेस (TMC) के वरिष्ठ नेता मुकुल रॉय के परिवार दावा कइलस कि ऊ सोमार देर सांझ से लापता बाड़ें। उनकर बेटा शुभ्रांशु रॉय ई जानकारी देलें। ऊ समाचार एजेंसी पीटीआई के बतवलें कि उनकर पिता सोमार के देर सांझ से लापता बाड़ें।ऊ कहलें कि हम अपना पिता से लगातार संपर्क करे के कोसिस कर रहल बानी, बाकिर संपर्क नइखे हो पा रहल।

दिल्ली खातिर भरे वाला रहस उड़ान

ऊ कहलें, “हमार पिता मुकुल रॉय सोमार देर रात से लापता बानी। अभी ले हम अपना पिता से संपर्क करने में असमर्थ बानी। ऊ लापता बाड़ें।” टीएमसी नेता के करीबी सहजोगी लोग कहल कि ऊ सोमार के सांझ दिल्ली खातिर उड़ान भरे वाला रहस। उनकर एगो करीबी सहजोगी कहलस, “हमरा खाली एतना पता बा कि ऊ रात करीब नौ बजे दिल्ली हवाईअड्डे पs उतरे वाला रहस। हालांकि अभी तक उनकर पता नइखे चल पाइल।”

भाजपा में सामिल होखला के बाद वापस टीएमसी में लवटले 

मालूम होखे कि टीएमसी में पूर्व नंबर दु रॉय 2017 में पार्टी नेतृत्व के संगे मतभेदन के बाद बीजेपी में सामिल हो गइल रहस। उनका के भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष बनावल गइल। रॉय भाजपा के टिकट पs 2021 के विधानसभा चुनाव जीतलें आ बाद में परिणाम घोषित होखला के बाद टीएमसी में लवट अइलें।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]