[the_ad_group id="30365"]

24 जुलाई 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 24/07/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि दशमी

दिन के 09 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- सुक।

अनुराधा नक्षत्र

भोर के 04 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

शुक्ल जोग

रात के 08 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/07/2026

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन के 11 बजके 34 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

समस्त।

ब्रह्म जोग

रात के 09 बजके 08 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में सफलता मिले के जोग बा। नौकरीपेशा लोगन के नया जिम्मेदारी मिल सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। धन लाभ के संभावना बा।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज धैर्य से काम लीं। फालतू खरचा बढ़ सकेला। परिवार के सहजोग मिली। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं आ खानपान संतुलित राखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली। बेयपार में लाभ हो सकेला। संघतियन से सहजोग मिली। जतरा के जोग बन रहल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज कवनो जरूरी फैसला जल्दबाजी में मत लीं। दांपत्य जिनगी सुखद रही। आर्थिक इस्थिति बेहतर हो सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। नौकरी आ बेयपार दुनो में फायदा हो सकेला। पुरान रुकल काम पूरा होखे के संभावना बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। ऑफिस में अधिकारी खुस रही लो। परिवार में सुभ समाचार मिल सकेला। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज निवेश सोच-समझ के करीं। नया काम सुरू करे खातिर दिन ठीक बा। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज तनाव से दूर रहे के कोसिस करीं। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। विद्यार्थी लोग पढ़ाई पs ध्यान देवे।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज राउर साथ दी। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी। बेयपार में फायदा हो सकेला। जतरा सफल रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कवनो नया अवसर मिल सकेला। नौकरी में तरक्की के जोग बा। परिवार में खुसी के माहौल बनी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज बातचीत में संयम रखीं। कवनो पुरान विवाद खतम हो सकेला। धन के ममिला में फायदा मिली। स्वास्थ्य ठीक रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिली। परिवार के सहयोग से मन प्रसन्न रही। निवेश से फायदा हो सकेला। भगवान विष्णु के पूजा शुभ रही।

Read Also: CWG 2026 : ओपनिंग सेरेमनी से पहिले भारत के पहिला मेडल भइल पक्का, लवलीना बोरगोहेन के पदक जीतल तय बा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]