Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

TMC के प्रवक्ता साकेत गोखले जयपुर से भइलें गिरफ्तार, मोरबी हादसा पs पीएम मोदी के बदनाम करे के आरोप

215

तृणमूल कांग्रेस के राष्ट्रीय प्रवक्ता अउर ममता बनर्जी के करीबी साकेत गोखले के गुजरात पुलिस सोमार देर रात राजस्थान के जयपुर एयरपोर्ट से गिरफ्तार कs लिहलें। गोखले पर मोरबी हादसा पर प्रधानमंत्री मोदी के बारे में गलत खबर फइलवले के आरोप बा। गिरफ्तारी के जानकारी उनकर पार्टी के सहयोगी अउर राज्यसभा सांसद डेरेक ओ ब्रायन दिहले बानें।

ओ ब्रायन ट्वीट करत लिखलें कि टीएमसी के राष्ट्रीय प्रवक्ता साकेत गोखले के गुजरात पुलिस जयपुर एयरपोर्ट से गिरफ्तार कs लिहले बानें। सोमार के साकेत नई दिल्ली से जयपुर खातिर रात नौ बजे के फ्लाइट लिहले रहनें। जब ऊ उतरलें त गुजरात पुलिस जयपुर एयरपोर्ट पs उनके अगोरा में रहल अउर उनके गिरफ्तार कs लिहलस।

माई से बात कइले के बाद गोखले के फोन अउर सामान जब्त

ओ ब्रायन के अनुसार गिरफ्तारी के बाद गोखले मंगर के सुबह दो बजे अपने माई फोन कइलें अउर बतवलें कि गुजरात पुलिस उनके अहमदाबाद ले के जात रहे अउर ऊ आजु दोपहर ले अहमदाबाद पहुंच जइहें। पुलिस उनके खाली दू मिनट के फोन कॉल करे दिहलें अउर फिर उनकर फोन अउर उनकर सारा सामान जब्त कs लिहलस।

402270cookie-checkTMC के प्रवक्ता साकेत गोखले जयपुर से भइलें गिरफ्तार, मोरबी हादसा पs पीएम मोदी के बदनाम करे के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.