Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ: पूर्व विधायक अउर माफिया विजय मिश्रा के सुशांत गोल्फ सिटी स्थित 11.55 करोड़ रुपया के विला कुर्क

174

भदोही से सपा के पूर्व विधायक अउर माफिया विजय मिश्रा के सुशांत गोल्फ सिटी इलाका में 11.55 करोड़ के संपत्ति पुलिस कुर्क कs दिहले बा। अतवार सुबह भदोही के सुरियांवा अउर लखनऊ के सुशांत गोल्फ सिटी थाना के पुलिस नायब तहसीलदार के मौजूदगी में गिरोहबंद अउर समाज विरोधी धारा 14(1) के तहत कार्रवाई कइल गइल बा। ई संपत्ति पूर्व विधायक विजय मिश्रा के बहू रूपा मिश्रा के नाम से दर्ज बा।

प्रभारी निरीक्षक सुशांत गोल्फ सिटी शैलेंद्र गिरी के मुताबिक भदोही के सुरियावां पुलिस सनीवार के सूचना दीहले रहनें। जेमें भदोही के पूर्व विधायक अउर माफिया विजय मिश्रा के संपत्ति जब्त करे के कार्रवाई के बात कहल गइल बा। अतवार सुबह भदोही के सुरियांवा निरीक्षक राकेश सिंह अपने टीम के संगे पहुंचल। एकरे बाद सूचना नायब तहसीलदार आकृति श्रीवास्तव के दीहल गइल।

प्रशासन अउर पुलिस के संयुक्त टीम सुशांत गोल्फ सिटी के रिशिता मलबरी स्थित पूर्व विधायक के आवास पर पहुंचल। ई संपत्ति उनके बेटा विष्णु मिश्रा के पत्नी रूपा मिश्रा के नाम से दर्ज बा। विष्णु मिश्रा माफिया विजय मिश्रा गिरोह के सक्रिय सदस्य हवें। पुलिस टीम आवास पर लकड़ी के फंटी लगा के सीलबंदी के कार्रवाई कइल गइल। एकरे बाद पुलिस उहां पर एह कार्रवाई के सूचना डुगडुगी पिटवा के लोग के दिहल गइल।

माफिया विधायक पर दर्ज बा 83 मुकदमा

पुलिस के मुताबिक सपा के पूर्व विधायक अउर माफिया विजय मिश्रा वर्तमान में जेल में बंद रहनें। उनके खिलाफ भदोही अउर आसपास के जिला में हत्या, लूट, अपहरण, बलात्कार, मारपीट, संपत्ति हड़पले, धोखाधड़ी, रंगदारी सहित कई अपराध में कुल 83 मुकदमा दर्ज रहल। उनके खिलाफ स्थानीय पुलिस गैंगस्टर अउर गुंडा एक्ट के कार्रवाइयो कs चुकल बा।

पुलिस के मुताबिक माफिया विजय मिश्रा अपराध के जरिए सैकड़ों करोड़ के संपत्ति ठाढ़ कइलस। प्रदेश सरकार द्वारा चलावल जा रहल विशेष अभियान के तहत ई कार्रवाई कइल गइल। एकरे अलावा पूरे प्रदेश में उनकर संपत्ति के चिह्नित कइल जा रहल बा ताकि उनके जब्त कइल जा सके।

401510cookie-checkलखनऊ: पूर्व विधायक अउर माफिया विजय मिश्रा के सुशांत गोल्फ सिटी स्थित 11.55 करोड़ रुपया के विला कुर्क

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.