Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मथुरा: अखिल भारत हिंदू महासभा के एलान पs अलर्ट, श्रीकृष्ण जन्मभूमि-ईदगाह के सुरक्षा बढ़ल, ड्रोन से भइल निगरानी

150

मथुरा के श्रीकृष्ण जन्मस्थान अउर शाही ईदगाह मस्जिद मैदान में अखिल भारत हिंदू महासभा द्वारा लड्डू गोपाल के जलाभिषेक अउर हनुमान चालीसा पाठ कइले के एलान के देखत चप्पा-चप्पा पर चौकसी बढ़ा दिहल गइल बा। मिश्रित आबादी वाला इलाका में भी खुफिया जानकारी देवे वाला लोग सक्रिय बा।

श्री कृष्ण जन्मस्थान आ ईदगाह के ओर वाहन के आवाजाही के पूरा तरीका से रोक लगा दिहल गइल बा। कई जगह पर बैरिकेडिंग कइल गइल बा। मंगर के सबेरे से पुलिस जांच करsतिया। एकरा से पहिले सोमार के पुलिस अधिकारी सुरक्षा व्यवस्था के समीक्षा कइले रहले। पुलिस फुट मार्च भी कइलस।

सोमार के साँझ डीएम पुलकित खरे अउर एसएसपी शैलेश कुमार पाण्डेय श्री कृष्ण जन्मस्थान-ईदगाह इलाका के सुरक्षा व्यवस्था के जाँच कइलन। संगही महत्वपूर्ण जगह पs सुरक्षाकर्मी के तत्परता के जांच कईल गईल। सुरक्षाकर्मियन के कड़ाई से निपटे के निर्देश दिहल गईल बा। सपा सिटी मार्तंड प्रकाश सिंह डेगेट चौकी पर डेरा डरलें। इहाँ से शहर के हालत के जानकारी लेत रहिहें। सीओ सिटी अभिषेक तिवारी, एसएचओ थाना गोविंदनगर संजय कुमार पांडेय के संगे आसपास के इलाका में मार्च करत देखाई देहले।

पुलिस गहन जांच करतिया

श्रीकृष्ण जन्मस्थान आ ईदगाह के ओर जाए वाला गाड़ियन के सोमार के दिन रोक दिहल गइल। मंगल का दिने मसानी, मिलन तिराहा, भूतेश्वर तिराहा, भरतपुर गेट से गाड़ी श्री कृष्ण जन्मस्थान आ ईदगाह का ओर नाइ जा पइहें। खाली एम्बुलेंस, स्कूल बस, मीडिया वाहन आ जरूरतमंद लोग के गाड़ी से निकले के मौका मिली। सीओ सिटी अभिषेक तिवारी बतवले कि गाड़ी पर रोक लगा दिहल गइल बा। एकरा खातिर लोग के दुसरा रास्ता से जाके सिस्टम के सहयोग करे के चाही।

402320cookie-checkमथुरा: अखिल भारत हिंदू महासभा के एलान पs अलर्ट, श्रीकृष्ण जन्मभूमि-ईदगाह के सुरक्षा बढ़ल, ड्रोन से भइल निगरानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.