Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तिहाड़ में कैदी के भइल मौत: जमानत मिलले पर अपने बेटवा के लिआवे जेल पहुंचल रहल माई

छोट बेटा कइलस फोन, बोललस- भाई अब नाइ रहने।

124
सीवान इन्शुरेंस 720 90

तिहाड़ में बंद एगो कैदी युवक(23) के मौत हो गइल। आरोप बा कि तिहाड़ प्रशासन के ओर से एकर सूचना परिजन के नाइ देहल गइल रहल। माई के अपना बेटा के मौत के बात ओह समय पता चलल जब ऊ जमानत मिलले के बाद बेटे के लिआवे तिहाड़ पहुंचल रहली। तिहाड़ प्रशासन के कहनाम बा कि कौनो कैदी के साथ कौनो तरे के अनहोनी घटना होला त ओकरे घरवालन के तुरंत सूचना देहल जाला। युवक के मौत मामला में अगर परिजन को सूचना नाइ देहल गइल बा त एकर जांच करवावल जाई।

प्राप्त जानकारी के अनुसार 23 बरिस के युवक तीन वर्ष से तिहाड़ जेल में बंद रहल। करोल बाग थाना में ओपर पोक्सो के मामला दर्ज भइल रहल। ओकरे पिता के मौत हो चुकल बा। परिवार में माई के अलावा, छोट भाई अउर शादीशुदा बहन बाड़ी। ओकर माई बेटवा के जमानत खातिर पिछिला सोमवार के जमानत याचिका लगवले रहली। जमानत खातिर 20 हजार रुपया के एफडी देवे के रहल। आर्थिक तंगी के चलते पड़ोस में रहे वाले मनमोहन सिंह वालिया(72) 50 हजार के एफडी से जमानत दियववले रहने।
एकरे बाद ओकर माई बेटा के लेवे तिहाड़ पहुंचली। ऊ साँझ सात बजे से रात 11 बजे ले बेटा के जेल से बाहर अइले के इंतजार कइली। तब्बे उनके लग्गे उनके छोटका बेटा फोन आइल कि एगो पुलिसकर्मी घर पर आइल बाने अउर कह रहल बानें कि उनके भाई के मौत हो चुकल बा। उनकर शव डीडीयू अस्पताल में रखल बा। एकरे बाद माई अस्पताल पहुंचली त उनके बेटवा के शव रखल रहल।

Middle Yayawari
241780cookie-checkतिहाड़ में कैदी के भइल मौत: जमानत मिलले पर अपने बेटवा के लिआवे जेल पहुंचल रहल माई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.