[the_ad_group id="30365"]

हिंदू युवा वाहिनी के कार्यक्रम में नाइ बोलल गइल नफरत भरल बोल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीतल बरिस दिसंबर में राजधानी दिल्ली अउर हरिद्वार में आयोजित हिंदू युवा वाहिनी के कार्यक्रम में कौनो समुदाय के खिलाफ नफरत भरल बात (hate speech) नाइ कहल गइल। दिल्ली पुलिस सुप्रीम कोर्ट में दायर हलफनामे में ई दावा कइले बा।

हलफनामे में कहल गइल बा कि दिल्ली में भइल एक कार्यक्रम के दौरान कौनो भी समुदाय के खिलाफ कौनो विशेष शब्द नाइ कहल गइल। सुप्रीम कोर्ट दिल्ली अउर हरिद्वार में आयोजित कार्यक्रम के दौरान कथित तौर पर नफरत फैलावे वाले भाषण देवे वालन के खिलाफ एसआईटी जांच अउर कार्रवाई के निर्देश देहले के मांग करे वाली याचिका पर सुनवाई कर रहल बा। सुप्रीम कोर्ट में दायर जवाबी हलफनामा में दिल्ली पुलिस कहले बा कि याचिकाकर्ता एह संबंध में कार्रवाई खातिर ओसे कौनो संपर्क नाइ कइल अउर सीधे शीर्ष कोर्ट के रुख कइल। एह तरह के परंपरा के खतम कइल जाए के चाहीं।

ई याचिका पत्रकार कुर्बान अली अउर पटना उच्च न्यायालय की पूर्व जज अउर वरिष्ठ अधिवक्ता अंजना प्रकाश दायर कइले बाने। एमें मांग कइल गइल बा कि मुस्लिम समुदाय के खिलाफ कइल गइल नफरतभरल बात के एगो विशेष जांच दल (SIT) गठित कs के स्वतंत्र, विश्वसनीय अउर निष्पक्ष जांच करावल जाए।

नाइ भइल रहे मुस्लिमन के नरसंहार के आह्वान

दिल्ली पुलिस हलफनामे में कहलस कि भाषण में एह तरह के शब्द के कौनो उपयोग नाइ कइल गइल बा, जेकर अर्थ चाहे व्याख्या मुसलमानन के नरसंहार के आह्वान के निकलत होखे।  दिल्ली में कौनो समूह, समुदाय, जातीयता, धर्म चाहे आस्था के खिलाफ उक्त कार्यक्रम में कौनो नफरत नाइ व्यक्त कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]