Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के एह 12 जिलन में लू के अलर्ट, देखीं लिस्ट

175

मवसम विभाग बिहार के 12 जिलन में लू के अलर्ट जारी कइले बा। एह जिलन में पारा 42 डिग्री के पार जा सकत बा। जवना से आसमान से आग बरसे जस इस्थिति रही। मवसम विभाग अइसन मौसम में लोग से दिन में घर से बहरी ना निकले के चेतावनी देले बा। मवसम विभाग के कहनाम बा कि 24 घंटा के दौरान राज्य के मवसम एकदमे शुष्क बनल रही। 

सबसे बेसी तापमान 45.6 डिग्री बक्सर में दरज कइल गइल, जबकि सबसे कम तापमान 19.5 डिग्री सीतामढ़ी में रिकॉर्ड कइल गइल। मौसम विभाग के मुताबिक शुष्क पछिमी आ उत्तर पछिमी हवा के प्रभाव से राज्य के कइयन गो जगहन पs अधिकतम तापमान 40 डिग्री के पार हो गइल बा। खास कs के राज्य के पछिम आ दखिण भाग में लू जइसन इस्थिति बनल रही।

24 घंटे में 40 डिग्री पार करे आला जिला 
24 घंटा में अधिकतर जिलन के तापमान 40 डिग्री के पार रहल बा। एमे पटना 42 डिग्री सेल्सियस, गया 42.3 डिग्री, भागलपुर 41.2 डिग्री, सुपौल 40.4 डिग्री, डेहरी 42.6 डिग्री, शेखपुरा 43 डिग्री सेल्सियस, जमुई 42.6 डिग्री, बक्सर 45.6 डिग्री, वैशाली 40.9 डिग्री, औरंगाबाद 42.4 डिग्री, बांका 43.6 डिग्री, नवादा 42.6 डिग्री, नालंदा 41.9 डिग्री, आ जीरादेई(सीवान) में 41.3 डिग्री सेल्सियस तापमान रहा।

मौसम शुष्क रहे के संभावना 

मौसम विभाग के मोताबिक सतह से 1.5 KM ऊपर ले शुष्क पछिमी हवा के प्रवाह बनल बा, जवना के आवे आला अगिला दु दिनन में धीरे पड़े के संभावना बा। एहिसे अगिला 24 घंटा के दौरान प्रदेश के मवसम शुष्क बनल रहे के संभावना बा। अगिला 24 घंटा के दौरान प्रदेश के कुछ भागन में खास कs के दखिण पछिम आ पछिम मध्य भागन में लू अस इस्थिति बनल रही। दखिन पुरुब भाग के एक दु जगहन पs लू के इस्थिति परेसानी बन सकत बा, 12 जिलन में लू के चेतावनी देहल जा रहल बा।

एह जिलन में लू के लेके कइल गइल अलर्ट

  • बक्सर
  • कैमूर
  • भोजुपर
  • रोहतास
  • औरंगाबाद
  • गया
  • नालंदा
  • नवादा
  • शेखपुरा
  • जमुई
  • बांका
  • भागलपुर

लू के दौरान आम लोगन से अपील

लू के दौरान आम लोगन से अपील कइल बा कि दुपहरिया में घर से बहरी ना निकलीं, तेज धूप में पारा 44 डिग्री के पार हो सकत बा। अइसन में लू के लेके सभ तरे से अलर्ट रहे के होई। सेहत के लेके लोगन से अपील कइल बा कि सेहत के सुरक्षा के लेके सब तरे से सावधान रहे के होई। सुरक्षा के लेके सब तरे से एहतियात बरतल जाव। देह में पानी के कमी नहीं हो पाव जवना से लोगन के गरमी आ लू में कवनो परेसानी ना होखे।

पटना में काल्ह से बदलल स्कूलन के टाइम 

प्रचंड गरमी के लेके स्कूलन में हाई अलर्ट जारी कs दिहल गइल बा। अब कवनो पढ़ाई के क्लास 11.45 के बाद ना चली। प्रशासन आदेश जारी करत मनमानी करे आलन पs कार्रवाई के चेतावनी देले बा। पटना में गरमी के प्रभाव रोजे बढ़ रहल बा। एकरे के देखत स्कूलन के विशेष निरदेस देहल गइल बा। आदेस साेमार 18 अप्रिल से प्रभावी होई।

बच्चन के खतरा के लेके अलर्ट

पटना के डीएम डॉक्टर चंद्रशेखर सिंह जिला  के सब स्कूलन में सुबह 11.45 बजे के बाद शैक्षणिक गतिविधियन पs प्रतिबंध लगवले बाड़े। डीएम के कहनाम बा कि ई आदेस बेसी तापमान आ खास कs के दुपहरिया के बेरा बेसी गरमी के वजे से बच्चन के स्वास्थ आ जिनगी पs उल्टा प्रभाव पड़े के संभावना के लेके जारी कइल गइल बा।

ना चली स्कूलन के मनमानी 

डीएम आदेस में कहले बाड़े कि मौसम बहुते प्रतिकूल बा, अइसन में मवसम में बच्चन के बेसी खतरा बा।  आदेश में कड़ा निरदेस बा कि जे केहु मनमानी करी ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई। ई  प्रतिबंध प्री-स्कूल आ आंगनबाड़ी केन्द्रन सहित जिला के स्कूलन पs लागू होई। ई आदेस 18 अप्रिल से लागू होई।

साभार: भास्कर

 

242470cookie-checkबिहार के एह 12 जिलन में लू के अलर्ट, देखीं लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.