Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ए आदमी के बाड़ी 12 पत्नी,102 लइके अउर 568 नाती-पोता, अब 67 साल के उमिर में लिहलस ई बड़ फैसला

266
दुनिया में आए दिन कौनो आदमी के कौनो काम खातिर खूब चर्चा होला। आजु काल अफ्रीकी देश युगांडा में रहे वाले एगो शख्स के हर तरफ चर्चा हो रहल बा। एह शख्स के 12 बीबी अउर 102 लइके बानें। एकरे साथ ही 568 नाती-पोता भी बानें। आप के जान के ई यकीन नाइ हो रहल बा, लेकिन ई बिल्कुल सच बा अउर कौनो बनावल गइल कहानी नइखे।
आपके एह शख्स के परिवार के बारे में जान के हैरानी हो रहल होई।
युगांडा में रहे वाला ई शख्स एगो किसान बानें। अब ई एगो बड़ फैसला लिहले बानें जेकरे खातिर उनकर चर्चा हो रहल बा। दरअसल शख्स के कहनाम बा, परिवार लगातार बढ़त जा रहल बा अउर अब एके रोके के चाहीं। ऊ ई फैसला एहलिए लिहल गइल, काहेसे कि परिवार के भरण-पोषण खातिर इनकम कम पड़ रहल बा
इस शख्स की हैं 12 पत्नियां, 102 बच्चे और 568 नाती-पोते

इस शख्स के नाम मूसा हसाहया ह जेकर उमिर 67 साल बा। युगांडा के लुसाका शहर में मूसा रहेने। इहाँ पs एक से अधिक शादिया कइल अपराध नाइ ह। एकरे वजह से ऊ एक-दू नाइ, बलुक 12 शादी कइलें अउर अब उनकर 12 पत्नी बाड़ी।

मूसा हसाहया के सब पत्नी 12 बेडरूम के एके घर में अउर एक साथ रहेली। 102 बच्चवन के बाप मूसा के सबसे छोट पत्नी जुलैका से 11 लइका बानें। फिलहाल आर्थिक तंगी के वजह से मूसा बढ़त परिवार के रोके के निर्णय लिहले बानें।
इस शख्स की हैं 12 पत्नियां, 102 बच्चे और 568 नाती-पोते

एक मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, 67 साल के मूसा के आर्थिक हालात खराब बा जेसे परेशान हो के अब ऊ परिवार नियोजन के फैसला लिहलें। मूसा अपने सब पत्नियन के गर्भनिरोधक दवाई के इस्तेमाल करे खातिर कहल गइल। ऊ चाहत रहनें कि अब आगे कौनो लइका के जन्म न होखे।

इस शख्स की हैं 12 पत्नियां, 102 बच्चे और 568 नाती-पोते

आर्थिक हालत हो चुकल बा खराब

102 बच्चा पैदा कइले के बाद मूसा के ख्याल आइल कि अब खर्चा बढ़ रहल बा अउर परिवार के रोके के चाहीं। मूसा एगो किसान हवें जेकरे वजह से उनकर आय अधिक नइखे। मूसा के एक तिहाई लइकन के उमिर 6 से 51 साल के अंदर बा।
इस शख्स की हैं 12 पत्नियां, 102 बच्चे और 568 नाती-पोते

सब लइके मूसा के संगे खेती किसानी के काम करेने। मूसा के सबसे बड़ बेटा के उम्र उनकर 11वीं पत्नी से 21 साल अधिक बानें। गरीबी के वजह दू पत्नी छोड़ के चल गइल। अब बचल पत्नी के गर्भनिरोधक गोली इस्तेमाल कर रहल बाड़ी, ताकि आगे लइके न होखे।

424410cookie-checkए आदमी के बाड़ी 12 पत्नी,102 लइके अउर 568 नाती-पोता, अब 67 साल के उमिर में लिहलस ई बड़ फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.