Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चीन के अस्पताल में मचल चीख-पुकार, कर्मी लोग बोलल- नाइ देखनी जा 30 बरिस में अइसन तबाही

160

चीन में कोरोना के ले के हालात लगातार बेकाबू होत जा रहल बा। बुध के भी अस्पताल अउर श्मशान घाट पर बड़ संख्या में लोग मौजूद रहल। दक्षिण-पश्चिमी शहर चेंग्दू के एगो बड़ अस्पताल हुआक्सी के कर्मचारी।लोग कहल कि ऊ लोग कोरोना रोगियन के उपचार में बहुते बिजी बानें लोग। अस्पताल के बाहर एगो एंबुलेंस चालक कहनें, हम 30 साल से ई काम करतनी। एतना बरिस में अइसन तबाही नाइ देखनीं।

बुध के साँझ के अस्पताल के आपातकालीन विभाग अउर पास के फीवर क्लीनिक के अंदर अउर बाहर लमहर लाइन लगल रहल। एंबुलेंस में आवे वालन में से अधिकांश के सांस लेवे में मदद खातिर ऑक्सीजन दीहल गइल। चेंग्दू के सबसे बड़ डोंगजियाओ फ्यूनरल होम के आसपास के कार पार्क भरल बा। श्मशान घाट पर अंतिम संस्कार के सिलसिला लगातार जारी बा। अंतिम संस्कार करे वाले एगो कर्मी कहनें कि हमनी के अब दिन में लगभग 200 से ज्यादा शव के अंतिम संस्कार करे के पड़ रहल बा। हमनींके लग्गे एतना बिजी बानीं जा कि हमनी के लग्गे खाए खातिर भी समय नाइ बा। पहिले ई लगभग 30-50 प्रतिदिन रहल।

पासपोर्ट अउर वीजा फिर जारी कइले के निर्णय

कोरोना विस्फोटक हालात के बीच चीन पासपोर्ट अउर वीजा फिर से जारी करे के निर्णय लिहले बा। एह फैसला के चलते अगि महिना शुरू होखे वाले चीन के नयका साल के छुट्टियन के देखत बड़ संख्या में पर्यटक के विदेश गइले के संभावना जतावल जा रहल बा।

तीन साल ले कड़ा कोरोना प्रतिबंध के चलते चीन दुनिया के दूसरे देशन से अलग-थलग रहल, जेकरे चलते न खाली नागरिकन में आक्रोश बढ़ल, बलुक देश के आर्थिक रूप से भी नगदे संकट उठावे के पड़ल। एके देखत बीतल दिन के शी जिनपिंग सरकार अपने जीरो कोविड नीति के खतम कs दिहले रहनें। आर्थिक संकट के दूर कइले अउर लोग के आक्रोश के थामे दिशा में आगे बढ़त अब पासपोर्ट अउर वीजा के फिर से जारी करे के बात कहले बानें।

भारत सहित कई देश कइलें सख्ती

चीन के अलावा अमेरिका, जापान, दक्षिण कोरिया में भी कोरोना के मामले बढ़ रहल बा। भारत सहित कई देश एहतियाती कदम उठावल शुरू कs दिहले बानें। एही कड़ी में भारत, जापान, दक्षिण कोरिया अउर ताइवान चीन से आवे वालन खातिर कोरोना जांच अनिवार्य कs सकsतनें। उहवें, इटली चीन से आवे वालन के कोरोना जांच के अनिवार्य कs दिहले बा।

423970cookie-checkचीन के अस्पताल में मचल चीख-पुकार, कर्मी लोग बोलल- नाइ देखनी जा 30 बरिस में अइसन तबाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.