Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘द कश्मीर फाइल्स’ के मुफ्त देखवले पs भड़कने विवेक अग्निहोत्री

कश्मीर फाइल्स के हरियाणा में मुफ्त देखवले के लेके विवेक अग्निहोत्री नाराजगी जतवले बाने।

302
सीवान इन्शुरेंस 720 90

विवेक अग्निहोत्री के फिलिम ‘द कश्मीर फाइल्स’ के लेके रोजाना कौनो नाइ त कौनो नया खबर सामने आ रहल बा। एह फिलिम के कहानी के लेके कई सवाल खड़ा कइल जा रहल बा। हालांकि ई फिलिम दर्शकन के नगदे पसंद आ रहल बा। एह फिलिम में साल 1990 में कश्मीरी पंडितों के संगे भइल अन्याय के बारे में देखावल गइल बा। ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पs 150 करोड़ के आंकड़ा पार करे आली बा।

फिलिम के उत्तर प्रदेश, गुजरात समेत कई राज्य में टैक्स फ्री कs देहल गइल बा। एही बीच हरियाणा सीएम अपने राज्य में ए फिलिम के मुफ्त में देखवले के ऐलान कs देहने। जेके लेके फिलिम निर्माता विवेक अग्निहोत्री नाराजगी जतवले बाने। ऊ हरियाणा सीएम से फिलिम के मुफ्त में न देखवले के अनुरोध कइने।

229350cookie-check‘द कश्मीर फाइल्स’ के मुफ्त देखवले पs भड़कने विवेक अग्निहोत्री

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.