The Kashmir Files: अब उत्तर प्रदेशो में टैक्स फ्री भइल ‘द कश्मीर फाइल्स’

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 15, 2022

विवेक अग्निहोत्री के फिल्म ‘द कश्मीर फाइल्स’ के चारों ओर से सराहना मिल रहल बा। उनकर ई फिल्म दर्शक के दिल के त छुअते बा, संगही राज्य सरकारो एके सराह तिया। राज्य सरकारो एह फिल्म

Share

विवेक अग्निहोत्री के फिल्म ‘द कश्मीर फाइल्स’ के चारों ओर से सराहना मिल रहल बा। उनकर ई फिल्म दर्शक के दिल के त छुअते बा, संगही राज्य सरकारो एके सराह तिया। राज्य सरकारो एह फिल्म के बढ़ावा दे रहल बिया। एही क्रम में अब उत्तर प्रदेश सरकार ई फिल्म टैक्स फ्री क देहले बिया। एही सिलसिला में कार्यवाहक मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमवार के कर विभाग के एह फिल्म के टैक्स फ्री कइले के निर्देश देहले बानें। शासन के एगो वरिष्ठ अधिकारी एकर पुष्टि करत कहनें कि अधिकारियन के फिल्म के टैक्स फ्री कइले के आदेश जारी करे के कह देहल गइल बा।

फिल्म के टैक्स फ्री करे आला यूपी सातवां राज्य ह। एसे पहिले हरियाणा, गुजरात, मध्यप्रेदश, कर्नाटक, त्रिपुरा  अउर गोवा सरकारो फिल्म के टैक्स फ्री क देहले बिया। कुल मिलाके विवेक अग्निहोत्री के फिल्म ‘द कश्मीर फाइल्स’ के अब ले 7 राज्यों में टैक्स फ्री कइल जा चुकल बा।

 

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.