Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

RRR Twitter Reaction: रामचरण अउर Jr NTR के फिलिम के दर्शक बतवलें ‘मास्टरपीस’,

एसएस राजामौली  लुटले वाहवाही

364

बाहुबली फेम डायरेक्टर एसएस राजामौली (SS Rajamouli) के मच अवेटेड फिलिम RRR  सिनेमाघर में दस्तक दे देहले बा। फिलिम के फर्स्ड डे फर्स्ट शो देख रहल लोग ट्विटर पर लगातार आपन रिएक्शन दे रहल बाने। बता देई कि एह फिलिम के जरिए एसएस राजामौली लगभग 5 साल के बाद निर्देशक के कुर्सी सम्हलले रहने। अनाउंसमेंट के बादे से ट्रिपल आर (RRR Movie Release) के लेके लोग में जबरदस्त क्रेज देखल गइल बा। फिलिम में जूनियर एनटीआर (Jr NTR) अउर रामचरण (Ram Charan) जइसन बड़हन स्टार्स बाने। संगही बॉलीवुड एक्टर अजय देवगन अउर आलिया भट्ट RRR में अहम रोल अदा कइले बाड़ी। सिनेमाघर में फिलिम देखे पहुंचल लोग सोशल मीडिया पर रामचरण के जबरदस्त अदाकारी के देख के दंग बाने। उहवें जूनियर एनटीआर के साथ उनकर बॉन्डिंग की लोग जम के तारीफ क रहल बाने।

क्या बा फिलिम के कहानी?
आरआरआर के कहानी दू क्रांतकारी के इर्द-गिर्द बुनल गइल बा। फिलिम में राणचरण सीताराम राजू अउर जुनियर एनटीआर भीमा के रोल निभवले बाने। सीताराम राजू अउर भीमा जिगरी यार बाने। देश खातिर लड़त में दूनों के जिंदगी में कई तूफानो आवत बा। दूनों के संघर्ष के एसएस राजमौली फिलिम में बहुते खूबसूरती से देखवले के कोशिश कइल बाने।

RRR के बतवने लोग मास्टरपीस
ट्विटर पर RRR के नाम से कई बाशटैग वायरल हो रहल बा। एगो यूजर एह फिलिम के मास्टरपीस बतवने। RRR के शुरुआती हिस्सा देख चुकल लोग के कहनाम बा कि रामचरण के दमदार अदाकारी फिलिम में जान भर देहले बा। संगही लोग एसएस राजामौली के निर्देशन के लेके तारीफ के पुल बांधल।

231600cookie-checkRRR Twitter Reaction: रामचरण अउर Jr NTR के फिलिम के दर्शक बतवलें ‘मास्टरपीस’,

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.