The Kashmir Files : कुछ लोग बतावल प्रोपेगेंडा त कुमार विश्वास एह तरे कइनें पलटवार

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 14, 2022

कश्मीरी पंडितन के विस्थापन पर बनल फिल्म ‘द कश्मीर फाइल्स’ (The Kashmir Files) ए दिन सुर्खियन में बा। विवेक अग्निहोत्री के एह फिल्म के दर्शक खूब पसंद क रहल बाने। एह फिल्म में अनुपम खेर,

Share

कश्मीरी पंडितन के विस्थापन पर बनल फिल्म ‘द कश्मीर फाइल्स’ (The Kashmir Files) ए दिन सुर्खियन में बा। विवेक अग्निहोत्री के एह फिल्म के दर्शक खूब पसंद क रहल बाने। एह फिल्म में अनुपम खेर, मिथुन चक्रवर्ती, दर्शन कुमार अउर पल्लवी जोशी लीड रोल में बानें अउर इनके अभिनय के खूब तारीफ हो रहल बा।

फिल्म में 1990 के दशक में कश्मीर में भइल ओ भयावह मंजर के देखावल गइल बा, जब उहवाँ कश्मीरी पंडितन के खिलाफ बड़हन पैमाना पर हिंसा भइल रहल अउर कश्मीरी हिंदू लोग के रातों रात आपन घर छोड़के भागे के पड़ल रहे। फिल्म के लेके सियासतो शुरू हो गइल बा। एक वर्ग एके ‘प्रोपोगेंडा फिल्म’ करार दे रहल बा अउर दावा क रहल बा कि एमें कई तथ्य गलत बा जौन धार्मिक भावना के आहत कs सकत बा।

एही विवाद पर वरिष्ठ पत्रकार यशवंत देशमुख के एगो ट्वीट पर चर्चित कवि अउर गीतकार कुमार विश्वास बरियार टिप्पणी कइले बाने। ऊ लिखने,

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.