Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पुष्पा के बाद अब ‘पावनखिंडा’ मचवले बा बॉक्स ऑफिस पs धूम

मराठा सूरबीरन के उप्पर बनल बिया ई फिलिम

167
सीवान इन्शुरेंस 720 90

पुष्पा के जबरजस्त सफलता के बाद एह समय बॉक्स ऑफिस पर ‘पावनखिंडा’ धूम मचा के रख देहले बा| ई फिलिम अपने पहिलके हप्ता में 6 करोड के कमाई कs चुकल बिया

पावनखिंड एगो ऐतिहासिक फिलिम बा| जेके दिगपाल लांजेकर (Digpal Lanjekar) डायरेक्ट कइले बानें, ई मराठा वारियर बाजी प्रभु देशपांडे के जिन्नगी पs आधारित बा जौन पावनखिंड के लड़ाई देखावेला| लीड स्टारकास्ट में चिन्मय मंडलेकर,  मृणाल कुलकर्णी, अजय पुरकर, समीर धर्मधिकारी जइसन सितारा बानें लोग|

क्या है फिल्म की कहानी?
छत्रपति शिवाजी महाराज अउर उनकर मराठा सेना पन्हलगढ़ पs कब्जा जमा लेहले बा| सिद्धि जौहार शिवाजी महाराज के पकड़े खातिर किले के चारों ओर पहरा खड़ा क देहले बा. एकरे चलते मराठा सेना अउर शिवाजी किलवे में फंस गइल बानें| तब जाके वारियर बाजी प्रभु देखपांडे और बंदाल सेना वहा से भगले के रणनीति बनावेने लोग| पावनखिंड मराठा सूर वीरन के बलिदान अउर पराक्रम के कहानी बा|

Middle Yayawari

साभार – आजतक

221500cookie-checkपुष्पा के बाद अब ‘पावनखिंडा’ मचवले बा बॉक्स ऑफिस पs धूम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.