देश के चउथा बड़ इस्कॉन मंदिर श्रद्धालुअन खातिर खुलल

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2022

बिहार के राजधानी पटना में इस्कॉन के देश में चउथा सबसे बड़ मंदिर बनके तइयार हो गइल बा। आज एकर उद्घाटन कइल गइल। 4 बजे इहां आरती होई। एकरा बाद सांझ के 7 बजे से

Share

बिहार के राजधानी पटना में इस्कॉन के देश में चउथा सबसे बड़ मंदिर बनके तइयार हो गइल बा। आज एकर उद्घाटन कइल गइल। 4 बजे इहां आरती होई। एकरा बाद सांझ के 7 बजे से आम श्रद्धालु इहां दर्शन कs सकी लो। रउआ सभे के बता दी कि 11 साल में 100 करोड़ के लागत से एह मंदिर के निर्माण कइल गइल बा। नागर शैली में बनल एह मंदिर में राजस्थान से लेआवल गइल मकराना के संगमरमर लागल बा। जवन एह मंदिर के खूबसूरती में चार चांद लगावेला। मंदिर के ऊंचाई 108 फीट बा। एह मंदिर के 84 गो खंभन के सहारा से बनावल गइल बा। लगभग 2 एकड़ में बनल राधा बांके बिहारी जी चार मंजिला मंदिर के सेमी अंडर ग्राउंड बनावल गइल बा। जवना में एगो भक्ति कला क्षेत्र बा। फर्स्ट फ्लोर पs प्रसादम हॉल बा। जहां बइठ के करीब 1000 लोग प्रसाद ग्रहण कs सकेला।

साभार: भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.