Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

केदारनाथ में वीआईपी एंट्री बंद : प्रशासन के सेफ्टी अलर्ट

सभ माननीय लोग आम जनता निहन देखल जाई

148

उत्तराखंड के केदारनाथ धाम में श्रद्धालु लोग के भीड़ जुटे लागल बा। एकरा के देखत प्रशासन शुक्रवार के वीआईपी एंट्री प रोक लगा देले बा। डीजीपी शुक्रवार के कहले कि अब सभ वीआईपी के भी आम लोग निहन घूमे के होई। एकरा खाती मात्र दु घंटा के समय दिहल जाई। एकरा से पहिले समुचित व्यवस्था ना भईला से २८ जने के भी मृत्यु भईल बा । एकरा संगे-संगे उत्तराखंड के सीएम पुष्कर धामी जनता से अपील कईले बाड़े कि जेकरा स्वास्थ्य से जुड़ल कवनो प्रकार के समस्या बा, उ लोग कुछ दिन बाद यात्रा करे के चाही।

6 दिन में लाखों श्रद्धालु के दर्शन

कोरोना के चलते बंद भईल चारधाम यात्रा करीब दु साल बाद शुरू हो गईल बा। श्रद्धालु लोग बड़ संख्या में पहुंच रहल बा दर्शन करावे खातिर। पिछला 6 दिन में करीब 1 लाख 30 हजार लोग आईल बाड़े। एही कारण से प्रशासन वीआईपी एंट्री प रोक लगा देले बा।

दर्शन खातिर मात्र दू घंटा

जिला मजिस्ट्रेट कहले कि धाम यात्रा प आवे वाला सभ श्रद्धालु के अब एके लाइन में खड़ा होके दर्शन के इंतजार करे के होई। कतार में खड़ा श्रद्धालु लोग के भी दू घंटा के भीतर दर्शन करावे के निर्देश दिहल गइल बा।

सुरक्षा खातिर तैनात पुलिस

रोजाना बढ़त भीड़ के देखत मंदिर में आईटीबीपी अवुरी एनडीआरएफ के टीम तैनात कईल गईल बा। एकरा संगे-संगे पुलिस के जवान भी सड़क प लोग के मदद करतारे। पहिले भी कुछ लापरवाही के मामला सामने आइल बा। एही कारण से कड़ा उपाय कईल जाता।

250620cookie-checkकेदारनाथ में वीआईपी एंट्री बंद : प्रशासन के सेफ्टी अलर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.