[the_ad_group id="30365"]

युवा महोत्सव में पहुंचल कलाकारन के हंगामा: राजेंद्र स्टेडियम में काटल लो बवाल, अधिकारियन पs रिजल्ट में लापरवाही के लगवलें आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में राज्यस्तरीय युवा महोत्सव में सुक के देर रात प्रतिभागी  जम के हंगामा कइल लो। राजेंद्र स्टेडियम में आयोजित राज्य युवा महोत्सव 2023 के समापन के बेरा जु़वा प्रशासन आ आयोजन समिति के खिलाफ नारेबाजी करत घंटन हंगामा कइल लो।

आक्रोशित नवहा बिहार के अलग-अलग जिन से युवा महोत्सव में भाग लेवे खातिर छपरा आइल रहे लो। नवहन के आरोप रहे कि आयोजन मंडल रिजल्ट के हेराफेरी करे के नीयत से रोकत पटना में अनाउंसमेंट करे के बात कहलस। प्रशासनिक अधिकारी बड़ स्तर के भ्रष्टाचार कs के अपना चहेता लोगन के राष्ट्रीय उत्सव में भेजे के एगो षड्यंत्र बा।

देर रात तक सब कलाकार राजेंद्र स्टेडियम में मुख्य मंच के लगे हंगामा करत रहे लो। हंगामा के बीच पदाधिकारी नवहन के समझावे के लगातार कोसिस करत रहे लो, बाकिर केहू समझे के तइयार ना रहे। छपरा के राजेंद्र स्टेडियम में तीन दिन के युवा महोत्सव के आयोजन 6 से 8 दिसंबर तक आयोजित भइल रहे।

आक्रोशित युवा स्वराज बतवलें कि दरभंगा से हमनी के टीम प्रदर्शन करे खातिर छपरा आइल बा। तीन दिनन तक कुव्यवस्था के बीच हमनी अपना कला के प्रदर्शन कइल गइल, बाकिर हद तब हो गइल जब पदाधिकारी प्राइज डिस्ट्रीब्यूशन के नाम पs पटना बोलावे के बात कहल लो।

युवा महोत्सव में भाग लेवे वाला अधिकतम लोग छात्र बा, जे आपन पढ़ाई के रोकके महोत्सव में भाग लेवे खातिर छपरा पहुंचल बा लो। बावजूद एकरा इहां रिजल्ट अनाउंस नइखे भइल। ई एगो बड़ षड्यंत्र हs। पदाधिकारी अपना चहेता लोगन के पक्ष में रिजल्ट जारी करे खातिर पटना के डेट रखले बा लो। हमनी के  एकर विरोध करत बानी सs।

गया के मेघा बतवली कि तीन दिनन तक कुव्यवस्था के बीच हमनी के बेहतर प्रदर्शन देनी सs, बाकिर वक्त पs अधिकारी लोग रिजल्ट के रोक दिहल। हमनी के आपन कला के प्रदर्शन छपरा में करत रहनी सs तs रिजल्ट पटना में काहे होखे के चाहीं। कुव्यवस्था के आलम अइसन रहे कि कबो-कबो आधा घंटा तक बाथरूम में हमनी के खातिर फंसे रहनी सs। ई प्रशासनिक विफलता आ भ्रष्टाचार के आलम हs।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]